For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

छपरा से चले वाली ट्रेनन के मार्ग परिवर्तन : भुसावल मंडल में यार्ड रिमॉडलिंग के कारण बदलाव, छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्स. जलगांव-उधना-वसई रोड से चली 

10:34 AM Apr 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
छपरा से चले वाली ट्रेनन के मार्ग परिवर्तन   भुसावल मंडल में यार्ड रिमॉडलिंग के कारण बदलाव  छपरा लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्स  जलगांव उधना वसई रोड से चली 
प्रतिकात्मक तस्वीर।
Advertisement
यात्री सुविधा में उन्नयन आ परिचालनिक सुगमता खातिर मध्य रेलवे के भुसावल मंडल के जलगांव-मनमाड रेलखण्ड के बीच इस्थित चालीसगांव स्टेशन यार्ड रिमॉडलिंग काम खातिर प्री-नॉन इंटरलाॅक आ नाॅन इंटरलॉक काम कइल गइला के कारण गाड़ियन के मार्ग परिवर्तन, नियंत्रण आ पुनर्निर्धारण कइल गइल बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करते हुए देले बाड़ें। छपरा से चले वाली ट्रेनन के  मार्ग परिवर्तन कइल गइल बा।

मार्ग परिवर्तन-

Advertisement

- गोरखपुर से 15 अप्रिल के चले वाली 15065 गोरखपुर-पनवेल एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग जलगांव-उधना-वसई रोड के रास्ते चली।

- छपरा से 15 अप्रिल के चले वाली 11060 छपरा-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस परिवर्तित मार्ग जलगांव-उधना-वसई रोड के रास्ते चली।

नियंत्रण-

- छत्रपति शिवाजी महाराज टर्मिनस से 16 अप्रिल के चले वाली 12534 छत्रपति शिवाजी टर्मिनस-लखनऊ जं. एक्सप्रेस 15 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।

- गोरखपुर से 15 अप्रिल के चले वाली 15018 गोरखपुर-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस एक घंटा 45 मिनट नियंत्रित कs के चली।

पुनर्निर्धारण-

- लोकमान्य तिलक टर्मिनस से 16 अप्रिल के चले वाली 20103 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-गोरखपुर एक्सप्रेस लोकमान्य तिलक टर्मिनस से तीन घंटा पुनर्निर्धारित कs के निर्धारित समय 05:23 बजे के  स्थान पs 08:23 बजे चलावल जाई।

- लोकमान्य तिलक टर्मिनस से 16 अप्रिल के चले वाली 15017 लोकमान्य तिलक टर्मिनस-गोरखपुर एक्सप्रेस लोकमान्य तिलक टर्मिनस से दु घंटा 45 मिनट पुनर्निर्धारित कs के निर्धारित समय 06:35 बजे के स्थान पs 09:20 बजे चलावल जाई।

Tags :
Advertisement