वंदे भारत समेत 21 ट्रेनन के भइल रूट डायवर्जन: बाराबंकी-जाफराबाद रेल खंड में दोहरीकरण काम होखला के चलते लिहल गइल निर्णय, गोरखपुर के 25 गो ट्रेन प्रभावित
08:39 AM Dec 11, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement
उत्तर रेलवे के लखनऊ मंडल के तहत आवे वाला बाराबंकी-अयोध्या- शाहगंज-जाफराबाद रेल खण्ड के दोहरीकरण के काम कइल जा रहल बा। ओहिजा बाराबंकी स्टेशन पs यार्ड रिमाडलिंग खातिर 12 दिसंबर से 5 जनवरी तक प्री-नान इण्टरलॉक आ 6 से 15 जनवरी तक नान इण्टरलॉक के काम करे खातिर ब्लॉक लिहल गइल बा। एकरा चलते गोरखपुर से चले वाली कइयन ट्रेनन के शार्ट टर्मिनेशन/शार्ट ओरिजिनेशन कइल गइल बा। ओहिजा वंदे भारत समेत 25 ट्रेनन के रूट डायवर्जन कs के चलावल जाई।
Advertisement
एह ट्रेनन के भइल शार्ट टर्मिनेशन
- हैदराबाद से 15, 22, 29 दिसंबर आ 5 व 12 जनवरी के चले वाली 02575 हैदराबाद-गोरखपुर स्पेशल ट्रेन गोरखपुर के जगह ऐशबाग में यात्रा समाप्त करी।
- कामाख्या से 19 आ 26 दिसंबर आ 2, 9 आ 16 जनवरी के चले वाली 15077 कामाख्या-गोमतीनगर एक्सप्रेस, गोमतीनगर के स्थान पs गोरखपुर में यात्रा समाप्त करी।
एह ट्रेनन के भइल शार्ट ओरिजिनेशन
- गोरखपुर से 17, 24 आ 31 दिसंबर आउर 7 आ 14 जनवरी के चले वाली 02576 गोरखपुर-हैदराबाद स्पेशल ट्रेन गोरखपुर के स्थान पs ऐशबाग से चलावल जाई।
- गोमतीनगर से 18 आ 25 दिसंबर, 1, 8 आ 15 जनवरी के चले वाली 15078 गोमतीनगर-कामाख्या एक्सप्रेस गोमतीनगर के स्थान पs गोरखपुर से चलावल जाई।