For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Women's Premier League : रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु प्लेऑफ में : मुंबई इंडियंस 7 विकेट से हारल, यूपी-गुजरात बाहर भइल

09:24 AM Mar 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
women s premier league   रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु प्लेऑफ में   मुंबई इंडियंस 7 विकेट से हारल  यूपी गुजरात बाहर भइल
Advertisement

रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु विमेंस प्रीमियर लीग के सीजन-2 के प्लेऑफ में जगह बना लेले बिया। टीम डिफेंडिंग चैंपियन मुंबई इंडियंस के अपना आखिरी लीग मुकाबला में सात विकेट से हरवलस। बेंगलुरु के जीत के संगही यूपी वॉरियर्स आ गुजरात जायंट्स के टीम प्लेऑफ के रेस से बाहर हो गइल बाड़ी सs।

Advertisement

नई दिल्ली के अरुण जेटली स्टेडियम में बेंगलुरु टॉस जीतके गेंदबाजी करे के फैसला लेलस। पहिले बल्लेबाजी करे उतरल मुंबई के टीम 19 ओवर में 113 रन पs ऑलआउट हो गइल। जवाब में बेंगलुरु 15 ओवर में तीन विकेट पs 115 रन बनावत जीत हासिल कइलस आ प्लेऑफ में प्रवेश कइलस। एलिस पेरी प्लेयर ऑफ द मैच रहली। ऊ नाबाद 40 रन बनवली आ छव विकेट हासिल कइली।

बेंगलुरु के ओपनर्स जल्दी भइल लो आउट

114 रन के टारगेट चेज करे उतरल बेंगलुरु के सुरुआत खास ना रहल। टीम 25 रन के स्कोर पs ओपनर्स के विकेट गंवा देलस। सोफी मोलेनिक्स नव रन आ कप्तान स्मृति मंधाना 11 रन बनाके आउट भइली।

पेरी-घोष के मैच विनिंग पार्टनरशिप

ओपनर्स के आउट होखला के बाद एलिस पेरी (40 रन) पारी संभरली आ टीम के जीत दिलवली। पेरी ऋचा घोष (36* रन) के संगे 53 बॉल पs 76 रनन के अटूट साझेदारी कइली। मुंबई के शबनिम इस्माइल, हेली मैथ्यूज आ नेटली सीवर-ब्रंट के एक-एक विकेट मिलल।

फ्लॉप रहल मुंबई के मिडिल आ लोअर ऑर्डर

हेली मैथ्यूज (26 रन) आ सजीवन सजना (30 रन) पहिले बल्लेबाजी करे उतरल मुंबई इंडियंस के सानदार सुरुआत दिलावल लो। एक समय टीम के स्कोर आठ ओवर में 60/1 रहे। ओकरा बाद विकेट गिरल सुरू हो गइल आ बाद के कवनो बल्लेबाज रुकके ना खेल सकल लो। कप्तान हरमनप्रीत कौर तs खाता तक ना खोल सकली।

पेरी झटकली 6 विकेट

बेंगलुरु के ओर से एलिस पेरी छव बल्लेबाजन के पवेलियन के राह दिखवली। सोफी मोलेनिक्स, सोफी डिवाइन, आशा शेभना आ श्रेयंका पाटिल के एक-एक विकेट मिलल।

दुनो टीमन के फुल स्क्वॉड...

मुंबई इंडियंस: हरमनप्रीत कौर (कप्तान), अमनजोत कौर, अमेलिया केर, क्लो ट्रयॉन, हेली मैथ्यूज, हुमायरा काजी, इजाबेल वॉन्ग, जिंतिमनी कलिता, नेटली सीवर-ब्रंट, पूजा वस्त्राकर, प्रियंका बाला, साइका इशाक, यास्तिका भाटिया, शबनिम इस्माइल, सजीवन सजना, अमनदीप कौर, फातिमा जाफर आ कीर्तन बालाकृष्णन।

रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर: स्मृति मंधाना (कप्तान), आशा शोभना, दिशा कसत, एलिस पेरी, नादिन डी क्लर्क, इंद्राणी रॉय, श्रद्धा पोखरकर, रेणुका सिंह, ऋचा घोष, श्रेयांका पाटिल, सोफी डिवाइन, जॉर्जिया वेयरहम, एकता बिष्ट, कैट क्रॉस, शुभा सतीश, एस (सब्बिनेनी) मेघना, सिमरन बहादुर आ सोफी मोलेनिक्स।

Tags :
Advertisement