टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar: नशा में ड्यूटी करे के आरोप में गेटमैन गिरफ्तार, 20 मिनट तक रुकल रहल ट्रेन, अब पुलिस पs केस करी रेलवे

12:39 PM Nov 30, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बिहार पुलिस - फोटो : सोशल मीडिया
Advertisement

मोतिहारी पुलिस पs रेल पुलिस प्राथमिकी दर्ज करे जा रहल बिया। कारण ई बा कि मोतिहारी पुलिस रेलवे के गेटमैन के गिरफ्तार कs लेले रहे। एसे करीब 20 मिनट तक ट्रेन रुकल रहल। एतनही ना रेलवे के ओर से आरोप लगावल गइल कि मोतिहारी पुलिस गेटमैन के संगे मारपिटो कइले बिया। ओहिजा मोतिहारी पुलिस के कहनाम बा कि शराब में धुत होके गैटमैन ड्यूटी करत रहे। एहिसे ओकरा के गिरफ्तार कइल गइल बा।

Advertisement

पुलिस टीम फौरन गेटमैन के हिरासत में ले लेले रहे

घटना रक्सौल-घोड़ासहन-सीतामढ़ी रेल खंड के जयमूर्तिनगर फ्लैग के लगे के हs। इहां गेट संख्या 16C के लगे तैनात गेटमैन के जितना थाना पुलिस नशा के हालत में बियफे के रात करीब 12:30 बजे गिरफ्तार कइले रहे। जितना थानाध्यक्ष के मोताबिक रात्रि गस्ती के दौरान रेल फाटक बंद रहे। गेटमैन के गेट खोले खातिर कइयन बेर बोलल गइल बाकिर ऊ ना सुनलस। जब ओकरा लगे पुलिस टीम गइल तs पता चलल कि ऊ शराब पियले बा।

ब्रेथ एनलाइजर से जांच कइल गइल तs शराब पिये के पुष्टि भइल। पुलिस टीम फौरन ओकरा के हिरासत में ले लिहल। ओकर पहचान शेखपुरा जिला के कोरमा थाना क्षेत्र के निवासी पवन कुमार के रूप में भइल रहे। करहना एसडीपीओ अशोक कुमार बतवलें कि शराब के नशा में गेट मैन रहे। जवना के गिरफ्तार कs के राते में आरपीएफ इंस्पेक्टर के सूचित कs दिहल गइल रहे।

आरपीएफ थाना में मोतिहारी पुलिस पs FIR दर्ज करावल जाई

एने, रेलवे के ओर से एह घटना के विरोध कइल गइल बा। कहल गइल कि पुलिस के गेटमैन के गिरफ्तारी से पहिले सूचना देवे के चाहत रहे। रेलवे के पीडब्ल्यूआई राजू कुमार बतवलें कि बिना संबंधित अधिकारी के सूचना दिहल गइल गेटमैन के गिरफ्तार कs लिहल गइल। एतनही ना जेतना पुलिस के ओर से गेटमैन के संगे मारपीट आ अभद्र बेवहारो कइल गइल। गेटमैन के ओर से गिरफ्तारी के बाद करीब एक घंटा तक रेल परिचालन बाधित रहल।

छौड़ादानो स्टेशन अधीक्षक राजेश कुमार बतवलें कि 05526 करीब 20 मिनट तक छौड़ादानो स्टेशन पs रुकल रहल। बाद में मेमो देके ट्रेन के रवाना कइल गइल। कहलें कि गेटमैन के ऑन ड्यूटी गिरफ्तारी सही नइखे। जदि ट्रेन स्टेशन पs खड़ा ना रहित तs कवनो घटना तक हो सकत रहे। एह संबंध में रेलवे के तरफ से आरपीएफ थाना में मोतिहारी पुलिस पs FIR दर्ज करावल जाई।

Tags :
Bhojpuri NewsBihar policeGateman Arrested From Dutyindian railwaysMotihari News
Advertisement
Next Article