टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

RS Bhatti : बिहार के DGP बनले CISF के महानिदेशक

09:28 AM Aug 29, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

CISF DG : महागठबंधन सरकार में पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद के पसंद के आधार पs बिहार बुलावल आईपीएस आरएस भट्टी के केंद्रीय प्रतिनियुक्ति मांग रहे । राज्य के एनडीए सरकार उनका के जाए देलख। देश के एनडीए सरकार उनका सीआईएसएफ के महानिदेशक बना देलख।

Advertisement

बिहार के पुलिस महानिदेशक आर एस भट्टी के केंद्रीय औद्योगिक सुरक्षा बल (सीआईएसएफ) के महानिदेशक बनावल गइल बा। राजविंदर सिंह भट्टी के सीआईएसएफ के डीजी नियुक्ति के अधिसूचना जारी हो गइल बा। बिहार में महागठबंधन सरकार के दौरान पूर्व मुख्यमंत्री लालू प्रसाद यादव के पसंद के आधार पs भट्टी के केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पs बिहार बोलावल गइल रहे। एह महीना ऊ केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पs वापस जाए के निहोरा कइले रहले आ राज्य के नीतीश सरकार एकरा खातीर अनुमति दे देले रहे।

पहिला दौर के मजबूत छवि ना देखा पवले 

1990 बैच के भारतीय पुलिस सेवा के अधिकारी आरएस भट्टी बिहार में कड़क छवि खातीर जानल जात रहले। उनका के लालू प्रसाद यादव के पसंदीदा अधिकारी मानल जाला, हालांकि जब 2005 में बिहार में बनल एनडीए सरकार उनका के केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पs बोलवलस तs राजद के ताकतवर सांसद (अब मृत) मो. शहाबुद्दीन के गिरफ्तारी में उनकर अहम भूमिका रहे। बहुत दिन तक केंद्रीय प्रतिनियुक्ति पs रहला के बाद दिसंबर 2022 में उनका के बिहार के महागठबंधन सरकार बोलावलस आ राज्य के डीजीपी के भूमिका दिहलस। डीजीपी बनते भट्टी कहले रहले कि अपराधी के जल्दी पकड़े के होई, बाकी अइसन कुछूओ होखत ना देखाई देलस। अबकी बेर डीजीपी होखला के बावजूद पटना के एसएसपी रहल भट्टी राज्य सरकार के अपराध मोर्चा पर विपक्ष के निशाना पs आवे से रोक ना पवले।

तेजस्वी आरएस भट्टी के दर्द के इजहार कइले रहले

बिहार के वर्तमान विपक्षी नेता तेजस्वी यादव अपना तत्कालीन सरकार में डीजीपी के रूप में ले आवल गइल आरएस भट्टी के कबहूँ सीधा निशाना ना बनवले, बलुक लगातार अपराध पs राज्य के नीतीश कुमार सरकार पs हमला करत रहले। मानल जाता कि एकरा के देखत राज्य सरकार भट्टी के केंद्रीय प्रतिनियुक्ति के अपील पs आसानी से सहमत हो गइल। जब ई मामिला सोझा आइल तs तेजस्वी यादव भी डीपीजी भट्टी के दर्द जतवले रहले - "नीतीश कुमार गृह विभाग के मंत्री हवे आ पुलिस विभाग के जिम्मेवारी भी उनका पs बा। पुलिस प्रशासन के ट्रांसफर-पोस्टिंग मुख्यमंत्री के चमचा बेलचा करेला।" एहमे डीजीपी के ना सुनल जाला। डीजीपी द्वारा एसपी, डीआईजी के ट्रांसफर-पोस्टिंग के बात कइल जाला तs मुख्यमंत्री के चमचा-बेलचा सुनबे ना करेला।"

Tags :
Bhojpuri Newsbig newsbihar administrationbihar newsbihar polticsBihar RJDChief Minister Nitish KumarDGP RS BhattiDirector General of CISFKhabar bhojpuriLalu YadavRS Bhattitejaswi yadav
Advertisement
Next Article