टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर में 500 करोड़ के निवेश करी RSPL : सेक्टर 27 में 42 एकड़ भूखंड पs लागी CBG प्लांट, 1000 लोगन के मिली रोजगार

07:40 AM Jan 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण GIDA जल्दिये एगो आउर बड़ समूह से निवेश करावे के तइयारी में बा। जदि सब कुछ ठीक रहल तs अगिला महीना CM योगी के मवजूदगी में एकर शिलान्यास हो सकत बा। घड़ी डिटर्जेंट केक आ पाउडर बनावे वाली कंपनी रोहित सरफेक्टेंट प्राइवेट लिमिटेड RSPL के ओर से 42 एकड़ भूखंड पs कंप्रेस्ड बायो गैस GBG प्लांट लगावल जाई। महाप्रबंधक शेखर काटे के गीडा प्रबंधन के ओर से देखावल गइल जमीन पसंद आइल बा।

Advertisement

इहां कंपनी 500 करोड़ रुपिया के निवेश करी। एह निवेश से करीब 1000 लोगन के प्रत्यक्ष रोजगार मिली। गोरखपुर में इंडियन आयल कारपोरेशन लिमिटेड IOCL के ओर से एगो CBG प्लांट धुरियापार में स्थापित कइल जा चुकल बा। अब दूसरका CBG प्लांट RSPL स्थापित करी। CBG के उपयोग वाहनन में ईंधन के रूप में आ खाना बनावे खातिर रसोई गैस के रूप में कइल जाला। एकर निर्माण खातिर कच्चा माल के खरीद से किसानन के आयो बढ़ी।

गोरखपुर ट्रेड शो में आइल प्रतिनिधि देखले रहे लो जमीन

गीडा दिवस पs आयोजित गोरखपुर ट्रेड शो GTS के बाद कइयन गो कंपनी निवेश के इच्छा जतवले रहली सs। एह दौरान RSPL के प्रतिनिधि CEO अनुज मलिक से मुलाकात कइले रहे लो। CEO ओह लोगन के प्लांट लगावे खातिर सेक्टर 27 में विकसित भूखंड दिखवलें, जवन पहिलके बेर में कंपनी के प्रतिनिधि पसंद कs लिहल लो। जल्दिये कंपनी के प्रतिनिधि दुबारा आई लो आ GIDA के डिटेल प्रोजेक्ट रिपोर्ट DPR सउपला के संगे MOU पs हस्ताक्षरो करी लो। OSD अनुपम मिश्र बतवलें कि CEO के निरदेस पs RSPL के प्रतिनिधि के जमीन दिखा दिहल गइल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

Tags :
Bhojpuri NewsCBG Plant EstablishmentGIDAGorakhpur Industrial Development Authoritygorakhpur newsInvestment of 500 CroresMOU To be signedRSPL
Advertisement
Next Article