टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अखिलेश के घर के बाहर मचल घमासान, एने CM योगी करत रहले नौ कन्या लो के पूजा

05:48 PM Oct 11, 2024 IST | Minee Upadhyay
अखिलेश यादव आ सीएम योगी; फोटो
Advertisement

 

Advertisement

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में जय प्रकाश नारायण के जयंती पs उनुका प्रतिमा पs माला लगावे के लेके बहुत हंगामा भईल बा। समाजवादी पार्टी के प्रमुख अखिलेश यादव के जेपी सेंटर जाए से रोक दिहल गईल, जवना के बाद बहुत हंगामा भईल। अंत में अखिलेश यादव अपना आवास के बहरी जय प्रकाश नारायण के मूर्ति के माला पहनवले। अखिलेश एs मामला में सीएम योगी के कड़ा निशाना बनवले। दूसर ओर एs सभ हंगामा के बीच उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ नवरात्रि के नवमी के दिन 9 कन्या पूजन में व्यस्त देखाई देले।

अखिलेश यादव का कहले?

अपना आवास के बहरी कार्यकर्ता के संबोधित करत अखिलेश यादव योगी सरकार के निशाना बनावत कहले कि हमनी के जय प्रकाश नारायण जी के जयंती मनावेनी जा। ई सरकार हमनी के माला लगावे से रोके के कोशिश करत बिया. अखिलेश आगे कहले कि इs सरकार गूंगा, बहिर अवुरी आन्हर बिया। आजु राम नवमी हs आ देखीं कि आजु ई लोग कवना तरह के अन्याय करत बा, अगर आजु त्योहार ना रहित त ई बैरिकेड समाजवादी लोग के ना रोक पाईत.

सीएम योगी कन्या पूजन करत देखाई देले

जवना समय अखिलेश के घर के बहरी झगड़ा भईल रहे, ओ समय सीएम योगी गोरखपुर में माई भगवती के पूजा में व्यस्त रहले। आज शारदिया नवरात्रि के नवमी पs सीएम योगी गोरखनाथ मंदिर में कन्या पूजा कइले। योगी नौ गो दुर्गा नियर लइकिन के गोड़ धो के संस्कार से पूजा कइलन। आईं बता दी कि सीएम बनला के बाद भी योगी आदित्यनाथ हर साल गोरखपुर में कन्या पूजा करत आइल बाड़े। एs दौरान सीएम योगी कहले कि जहां महिला के सम्मान होखेला, उहें समाज समृद्ध हो जाला।

 

 

 

Tags :
Akhilesh YadavCm yogi adityanathNavratriSamajwadi Partyyogi adityanath
Advertisement
Next Article