For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

रूस बोलल- भारत के चुनाव में रुकावट डाल रहल बा अमेरिका: कहलस- भारत के लेके ओकर समझ कमजोर; पन्नू ममिला में बेतुका आरोप लगवलस

01:47 PM May 09, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
रूस बोलल  भारत के चुनाव में रुकावट डाल रहल बा अमेरिका  कहलस  भारत के लेके ओकर समझ कमजोर  पन्नू ममिला में बेतुका आरोप लगवलस
Advertisement

रूस अमेरिका पs आरोप लगवले बा कि ऊ भारत के लोकसभा चुनाव में रुकावट डाले के कोसिस कs रहल बा। रूस कहले बा कि अमेरिका भारत के आंतरिक ममिलन में दखलंदाजी कs रहल बा।

Advertisement

दरअसल, रूस के बिदेस मंत्रालय के प्रवक्ता मारिया जखारोवा से बुध के पन्नू ममिला में अमेरिका के भारत पs लगावल आरोपन पs सवाल पूछल गइल। एह पs जखारोवा कहली, "अमेरिका बेबुनियाद आरोप लगाके भारत के अपमान कs रहल बा।"

अमेरिका भारत के खिलाफ पेस ना कइलस कवनो सबूत

रूस के बिदेस मंत्रालय कहलस, "अमेरिका अभी ले अइसन कवनो सबूत पेश नइखे कइले, जवना से ई साबित हो सके कि भारत पन्नू के हत्या के साजिश में सामिल रहे। एकरा अलावे धार्मिक आजादी के उल्लंघन के आरोप, भारत के लेकर अमेरिका के कमजोर समझ के देखावत बा।"

रूस कहलस, "अमेरिका अइसन आरोप लगाके एगो संप्रभु देस के तौर पs भारत के अपमान कs रहल बा। अमेरिका भारते ना कइयन गो आउर देसन के खिलाफ धार्मिक स्वतंत्रता के उल्लंघन के बेबुनियाद आरोप लगावत रहल बा। ओकर कार्रवाई स्पष्ट रूप से भारत के आंतरिक ममिलन में दखल के सबूत बा।"

अमेरिका एकरा पहिले रूस पs निष्पक्ष चुनाव ना करावे के आरोप लगा चुकल बा। दरअसल, रूस में 15-17 मार्च के बीच आम चुनाव भइल रहे। एमे पुतिन 88% वोटन के संगे 5वां बार रूस के राष्ट्रपति बनलें। एह पs अमेरिका आरोप लगवले रहे कि पुतिन देस में केहुओ विरोधी नेता के टिके ना देवेला। रूस में निष्पक्ष चुनाव ना होला।

अमेरिका-रूस के बीच का बा चुनाव में दखल के आरोपन के राजनीति

अमेरिका आ पश्चिमी देश रूस आ चीन पs ओकनी के चुनावन में दखलंदाजी के आरोप लगावत आइल बा। 2021 में अमेरिका के एगो इंटेलिजेंस रिपोर्ट में दावा कइल गइल रहे कि पुतिन डोनाल्ड ट्रम्प के फायदा पहुंचावे खातिर अमेरिकी चुनाव में दखल देवे के ऑपरेशन के मंजूरी देले रहस। एकरा पहिले 2016 के अमेरिकी चुनाव में रूस पs हस्तक्षेप के आरोप लागल रहे।

एह पs बाइडेन पुतिन के हत्यारा बतावत कहले रहस कि ऊ जवन-जवन गलत काम कइल बाड़ें, सभन के पर्दाफाश जल्दिये होई। एकरा खातिर उनका के भारी कीमत चुकावे के पड़ेल। अमेरिका के बयान से नाराज होके रूस उहां से अपना राजदूत के वापस बोला लेले रहे।

एकरा अलावे अमेरिका चीन पs चुनावन में दखल देवे के आरोप लगा चुकल बा। हाले में चीन के दौरा पs गइल अमेरिका के बिदेस मंत्री एंटनी ब्लिंकन कहले रहस कि चीनी राष्ट्रपति शी जिनपिंग से मिलल आश्वासन के बावजूद अमेरिकी चुनाव में चीन के दखल के सबूत मिलल बा।

अमेरिका में कुछ हफ्तन पहिलही एगो कानून पास कइल गइल रहे। एमे कहल गइल रहे कि जदि चीन के कंपनी टिकटॉक के ना बेचलस तs ऐप के US में बैन कs दिहल जाई। ई डेग अमेरिकी चुनाव में चीन के दखल के रोके खातिर उठावल गइल रहे।

एह सबका बीच भारत के चुनाव में अमेरिका के दखलंदाजी के आरोप लगाके रूस पश्चिमी देसन के कटघरा में खड़ा करे के कोसिस कs रहल बा। दरअसल, भारत में लोकसभा चुनाव के प्रक्रिया सुरू होखे के बाद अमेरिका के तरफ से भारत में धार्मिक आजादी आ भेदभाव के लेके रिपोर्ट जारी कइल गइल रहे। ओहिजा, दिल्ली के CM अरविंद केजरीवाल के गिरफ्तारी के लेके अमेरिका समेत कइयन गो पश्चिमी देस सवाल खड़ा कइले रहे।

पन्नू ममिला में भारत पs का आरोप लागल?

अमेरिका पिछिला साल नवंबर में भारत पs न्यूयॉर्क में खालिस्तानी आतंकी गुरपतवंत सिंह पन्नू के हत्या के साजिश रचे के आरोप लगवले रहे। हालांकि, अमेरिका के ओर से एह साजिश के नाकाम कs दिहल गइल रहे। एकरा बाद 29 नवंबर के एह ममिला में न्यूयॉर्क पुलिस के चार्जशीट सामने आइल रहे।

एमे भारतीय नागरिक निखिल गुप्ता के नाम रहे। चार्जशीट में लिखल रहे- PM मोदी के अमेरिकी दौरा के बेरा पन्नू के मारे के कोसिस कइल गइल। एकर प्लानिंग भारत के पूर्व CRPF अफसर कइलें। रिपोर्ट सामने अइला के बाद अमेरिका लगातार भारत से ममिला के जांच में सहजोग के अपील कs चुकल बा। ओहिजा, भारत अमेरिका के आरोपन के बेतुका बतवले बा।

हाले में अमेरिकी मीडिया हाउस वॉशिंगटन पोस्ट दावा कइले रहे कि खालिस्तानी आतंकी गुरपतवंत सिंह पन्नू के हत्या के साजिश में भारतीय जांच एजेंसी RAW (रिसर्च एंड एनालिसिस विंग) के हाथ रहे। रिपोर्ट के मोताबिक पन्नू के हत्या के पूरा प्लानिंग RAW के एगो सीनियर अधिकारी विक्रम यादव कइले रहस। भारत एहू रिपोर्ट के खारिज कs देले रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Advertisement