For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

AFG vs SA: सेमीफाइनल के दबाव में बिखरल अफगानिस्तान, द. अफ्रीका के आसान जीत, पहिला बेर T-20 विश्व कप के फाइनल में

11:37 AM Jun 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
afg vs sa  सेमीफाइनल के दबाव में बिखरल अफगानिस्तान  द  अफ्रीका के आसान जीत  पहिला बेर t 20 विश्व कप के फाइनल में
Advertisement

खबर भोजपुरी स्पोर्ट्स डेस्क। टी-20 विश्व कप 2024 के पहिला सेमीफाइनल मैच नव विकेट से जीतके दक्षिण अफ्रीका फाइनल खातिर क्वालिफाई कs लेले बा। ब्रायन लारा स्टेडियम में खेलल गइल मुकाबला में अफगानिस्तान पहिले बल्लेबाजी करत 11.5 ओवर में 10 विकेट पs 56 रन बनवलस। एह स्कोर पs ऑलआउट होखल टी-20 विश्व कप सेमीफाइनल मैच में कवनो टीम के सबसे न्यूनतम स्कोर बा। जवाब में दक्षिण अफ्रीका 8.5 ओवर में एक विकेट पर 60 रन बनवलस आ मवजूदा टूर्नामेंट के फाइनल में पहुंचे वाली पहिला टीम बन गइल।

Advertisement

मवजूदा टूर्नामेंट में दक्षिण अफ्रीका आ भारत के टीम अब तक अजेय बाड़ी सs। ई पहिला मवका बा जब दक्षिण अफ्रीका फाइनल में पहुंचल बिया। एकरा पहिले 2014 में उ सेमीफाइनल से बाहर हो गइल रहे। श्रीलंका भारत के खिलाफ मैच जीतके खिताब पs कब्जा जमवले रहे।

मार्करम-हेंड्रिक्स टीम के फाइनल में पहुंचावल लो 

57 रन के मामूली लक्ष्य के पीछा करे उतरल दक्षिण अफ्रीका के पहिला झटका फजलहक फारुकी पांच रन के स्कोर पs देलें। ऊ क्विंटन डिकॉक के बोल्ड कइलें। एकरा बाद मोर्चा रीजा हेंड्रिक्स आ एडेन मार्करम संभारल लो। दुनो के बीच दूसरका विकेट खातिर 55 रन के नाबाद साझेदारी कइल लो। सलामी बल्लेबाज हेंड्रिक्स 29 आ कप्तान मार्करम 23 रन बनावल लो।

ताश के पत्तन के तरे बिखरल अफगानिस्तान के बल्लेबाजी क्रम

पहिला सेमीफाइनल में अफगानिस्तान पहिले बल्लेबाजी करत दक्षिण अफ्रीका के सामने मात्र 57 रन के लक्ष्य रखलस। एह मैच में अफगानिस्तान के तरफ से कवनो बल्लेबाज बड़ पारी ना खेल सकल आ विरोधी गेंदबाजन के सामने पूरा टीम ताश के पत्तन के तरे ढह गइल। टीम के तरफ से सबसे जादे रन 10 रन अजमतुल्लाह उमरजई बनवलें। बाकी कवनो बल्लेबाज दहाई के आंकड़ा ना छू सकल।

दक्षिण अफ्रीका पहिला सेमीफाइनल में धारदार गेंदबाजी के प्रदर्शन कइलस। उनका ओर से मार्को यानसेन आ तबरेज शम्सी तीन-तीन विकेट चटकावल लो। ओहिजा, कागिसो रबाडा आ एनरिक नॉर्त्जे दु-दु विकेट हासिल कइलें।

Tags :
Advertisement