For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

'शैतान' पहिलही दिन जमवलस बॉक्स ऑफिस पs कब्जा, 'आर्टिकल 370' के धमक बरकरार

04:45 PM Mar 09, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
 शैतान  पहिलही दिन जमवलस बॉक्स ऑफिस पs कब्जा   आर्टिकल 370  के धमक बरकरार
Advertisement

सिनेमाघरन में कइयन गो फिलिम लागल बा। एह फिल्मन में विविधतो खूब बा। अलग-अलग विषयन पs आधारित ई फिलिम दर्शकन के खूब धेयान खींच रहल बा। एगो आउर फिलिम फरवरी में रिलीज भइल यामी गौतम के 'आर्टिकल 370' छाइल बा। एकरा अलावे आमिर खान के प्रोडक्शन के फिलिम 'लापता लेडीज' बा। एह बीच सुक के अजय देवगन आ आर. माधवन के बहुप्रतीक्षित फिलिम 'शैतान' रिलीज हो गइल बा। सुक के कवन फिलिम ने बाजी मरलस, आईं जानल जाव..

Advertisement

'शैतान'

सुक के अजय देवगन, आर माधवन आ ज्योतिका के बहुप्रतीक्षित फिलिम 'शैतान' रिलीज भइल। रिलीज के संगही ई फिलिम बॉक्स ऑफिस पs छा गइल बा। विकास बहल के निर्देशन में बनल ई फिलिम ओपनिंग डे पs सानदार कमाई कइले बा आंकड़न के मोताबिक पहिला दिन फिलिम 14.50 करोड़ रुपिया के कारोबार कइले बिया। ई फिलिम काला जादू पs आधारित बा। आर. माधवन एमे खलनायक के भूमिका में दिखल बा लो।

लापता लेडीज

किरण राव के निर्देशन में बनल 'लापता लेडीज' के कहानी आ विषय के बहुते तारीफ हो रहल बा। बाकिर, कमाई के ममिला में ई फिलिम रफ्तार नइखे पकड़ पावत। ओपनिंग डे से फिल्म कवनो खास प्रदर्शन नइखे करत। आमिर खान के प्रोडक्शन के 'लापता लेडीज' बॉक्स ऑफिस पs सुस्त चाल चल रहल बिया। 1 मार्च, 2024 के रिलीज भइल ई फिलिम सुक के 65 लाख रुपिया के कारोबार कइलस, एकर टोटल कलेक्शन अभी 6.7 करोड़ रुपिया तक पहुंचल बा।

आर्टिकल 370

23 फरवरी के रिलीज भइल यामी गौतम अभिनीत फिलिम आर्टिकल 370 के बॉक्स ऑफिस पs दबदबा कायम बा। वीकएंड में धांसू कमाई कइला के बाद वीकडेज में ई अच्छा कलेक्शन कs रहल बिया। 'लापता लेडीज' आ 'शैतान' जइसन फिलिमन के सोझा एकर सानदार कमाई जारी बा। 15वां दिन (सुक को) फिलिम 1.65 करोड़ रुपिया कमइलस। 'आर्टिकल 370' के कुल कलेक्शन 59.55 करोड़ रुपिया हो गइल बा। हालांकि, 'आर्टिकल 370' के संगही 23 फरवरी के रिलीज भइल 'क्रैक' के पत्ता सिनेमाघरन से साफ हो चुकल बा।

तेरी बातों में ऐसा उलझा जिया

शाहिद कपूर आ कृति सेनन के ई फिलिम अभी तक सिनेमाघरों में टिकल बिया। हालांकि, कमाई के ममिला में अब फिलिम के पकड़ पूरा तरे से ढीला पड़ चुकल बा। नौ फरवरी के रिलीज भइल  ई फिलिम अभी तक 100 करोड़ रुपिया के आंकड़ा तक नइखे छू पाइल। आंकड़न के मोताबिक सुक के (27वां दिन) ई फिलिम 40 लाख रुपिया के कारोबार कइलस। फिलिम के टोटल कमाई 82.25 करोड़ रुपिया हो गइल बा।

Tags :
Advertisement