टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

राम मंदिर के स्मारक डाक टिकट के बिक्री अयोध्या में स्टॉल लगा के शुरू भइल, होम डिलीवरी के सुविधा भी उपलब्ध बा

01:57 PM May 06, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

जनवरी महीना में राम मंदिर के अभिषेक के मौका प प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी श्री राम जन्मभूमि मंदिर प 6 स्मारक डाक टिकट जारी कइले रहले। जदी राम मंदिर के स्मारक के बारे में जानल चाहत बानी त रउरा श्री राम जन्मभूमि मंदिर के स्मारक डाक टिकट खरीदे के बा त ई खबर रउरा खातिर सबसे जरूरी बा। दरअसल पिछला जनवरी में राम मंदिर के अभिषेक के मौका प प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी श्री राम जन्मभूमि मंदिर प 6 गो स्मारक डाक टिकट जारी कइले रहले। एह डाक टिकट के माध्यम से ऐतिहासिक महत्व के महत्वपूर्ण लोग के घटना, विचार, भवन आ विचार सुरक्षित बा। जदी रउरा भी ई डाक टिकट खरीदे के बा त धार्मिक शहर अयोध्या में अलग-अलग जगह प स्टॉल लगावल गइल बा।

Advertisement

राम मंदिर के स्मारक डाक टिकट के डिजाइन में राम मंदिर, चौपाई ‘मंगल भवन अमंगल हरि’, सूर्य, सरयू नदी, आ मंदिर में आ ओकरा आसपास के मूर्तिकला शामिल बा। एह विशेष 6 गो स्मारक डाक टिकट में राम मंदिर, भगवान गणेश, भगवान हनुमान, जटायू, केवतराज आ माँ शबारी शामिल बाड़ी स। एतने ना, एकरा में सूर्यवंश के प्रतीक सूर्य के छवि बा, जवन देश में नया रोशनी के संदेश देवेला। एह डाक टिकट में सरयू के तस्वीर भी देखावल गइल बा। एकरा अलावे राम जन्मभूमि के माटी आ चंदन के भी ए डाक टिकट में इस्तेमाल भइल बा।

होम डिलीवरी खातिर एह नंबर से संपर्क करीं

जदी रउरा राम मंदिर के स्मारक डाक टिकट खरीदे के बा त ई डाक टिकट अयोध्या संभाग के सगरी डाकघर में उपलब्ध बा । एकरा अलावे अयोध्या आवे वाला यात्री आ रामभक्त के सुविधा खातीर लता मंगेशकर चौक, हनुमानगढ़ी, अयोध्या कैंट रेलवे स्टेशन, अयोध्या रोडवेज, अवुरी अयोध्या धाम रेलवे स्टेशन प भी एकर स्टॉल लगावल गइल बा। एकरा अलावे ए डाक टिकट के होम डिलीवरी के सुविधा भी उपलब्ध बा। एह डाक टिकट के दाम भी मात्र ₹ 500 रखल गइल बा। होम डिलीवरी खातिर रउआ दिहल नंबर 8004003625 पर संपर्क कर सकेनी।

Tags :
ayodhyaAyodhya NewsAyodhya news in BhojpuriBhojpuri khabarDak ticketKhabar Bhojpur NewsKhabar Bhojpuri Newspost ticketबड़ी khabar
Advertisement
Next Article