टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Salman Khan: महेंद्र सिंह धोनी सलमान खान के साथे मनवलें जन्मदिन, भाईजान कहलें- हैप्पी बर्थडे कप्तान साहब

09:17 AM Jul 07, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

टीम इंडिया के दु गो विश्व कप दिआवे वाला पूर्व कप्तान महेंद्र सिंह धोनी आज आपन जन्मदिन मना रहल बाड़े। सितारन से लेके फैंस तक उनका के एह खास मौका पs बधाई दे रहल बाड़े। माही के नांव से मशहूर धोनी अबकी आपन बर्थडे पत्नी साक्षी आ बॉलीवुड अभिनेता सलमान खान के साथ मनवलें।

Advertisement

सोशल मीडिया पs उनकर जन्मदिन के वीडियो तेजी से वायरल हो रहल बा। एमें से एगो वीडियो में धोनी केट काटकर आपन पत्नी आ फेर बाद में सलमान खान के खिआवत नजर आ रहल बाड़े। उहे एगो वीडियो में साक्षी अपना पति महेंद्र सिंह धोनी के पैर छूअत नजर आ रहल बाड़ी।

वीडियो सामने अइला के बाद फैंस एपर जमके आपन प्रतिक्रिया दे रहल बाड़े। एगो यूजर लिखले, "धोनी हमनीं के सलमान भाई के साथ केक काट रहल बाड़े.. दु गो दिग्गज एक साथ एगो फ्रेम में...वाह का समय बा।" एगो आउर यूजर लिखले, "हमरा पता बा कि धोनी मुंबई में बाड़े, एहिसे सलमान उनका जन्मदिन पs बाड़े। वास्तव में दुनु जाने के बीच नीमन बॉन्डिंग बा।"

बॉलीवुड अभिनेता सलमान खानो धोनी के खास अंदाज में सोशल मीडिया पs बधाई देले बाड़े। उऽ बर्थडे फोटो साझा कऽ के एक्स पर लिखले, जन्मदिन मुबारक हो कप्तान साहब...।" एह फोटो में सलमान खान कैजुअल लुक में काफी हैंडसम लाग रहल बाड़े।

एकरा से पहिले शनिचर के सलमान खान अनंत अंबानी, रणवीर सिंह, हार्दिक पांड्या आ एमएस धोनी के साथे फिल्म किक के अपना मशहूर गाना जुम्मा के रात पs डांस करत नजर अइले। पांचो के डांस वीडियो सोशल मीडिया पs खूब वायरल भइल रहे। वर्क फ्रंट के बात कइल जाव तऽ सलमान खान जलदिए सिकंदर में नजर आवे वाला बाड़े। एह फिल्म में रश्मिका मंदनो बाड़ी। ई फिल्म अगिला साल ईद के मौका पs रिलीज होई।

Tags :
#entertainmentnews #bollywoodnewsEntertainment Newshappy Birthday mahiKhabar Bhojpuri Newsmahendra singh dhoniMahi birthdaySalman Khan
Advertisement
Next Article