टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

संभल हिंसा अपडेट: चार युवकन के मउत के बाद स्कूल कइल गइल बंद, बाहरी लोगन के नो एंट्री

08:28 AM Nov 25, 2024 IST | Minee Upadhyay
संभल हिंसा के बाद पाबंदी
Advertisement

 

Advertisement

 

संभल में भइल बवाल के बाद कई गो रोक लगा दिहल गइल बा. संभल में एक दिसंबर ले बाहरी लोग के प्रवेश पs रोक लगा दिहल गईल बा। आदेश के मुताबिक जिला में बाहरी लोग, सामाजिक संगठन अवुरी जनप्रतिनिधि के प्रवेश पs रोक लगा दिहल बा। बेहद संवेदनशील स्थिति के देखत प्रशासन इs कदम उठवले बा। जानकारी के मुताबिक हिरासत में लिहल लोग के घर से हिंसा अवुरी पत्थरबाजी के बाद हथियार बरामद भईल बा। एनएसए के तहत बदमाश के खिलाफ कार्रवाई होई.

पथराव के घटना में चार युवक के मउत हो चुकल बा अवुरी 20 पुलिसकर्मी घाही हो गईल बाड़े। जिला में इंटरनेट सेवा बंद कs दिहल गइल बा आ सगरी स्कूलो बंद कs दिहल गइल बा. दू गो मेहरारू समेत 21 लोग के हिरासत में लिहल गइल बा. सीसीटीवी के माध्यम से आरोपी के पहचान कईल जाता।

बता दीं कि सर्वे टीम संभल के शाही जामा मस्जिद पहुंचते दंगाई योजना के मुताबिक पथराव, आगजनी अवुरी गोलीबारी शुरू कs देले।  हिंसा तब शुरू भईल जब अचानक संभल के सड़क से गुजरत पुलिस टीम पs पथराव होखे लागल।  सोशल मीडिया पs वायरल होखे वाला तस्वीर आ वीडियो में देखल जा सकेला कि कइसे दंगाई गली में फंसल पुलिसकर्मी के निशाना बना के पत्थर चलवले.

 

 

 

Tags :
No EntrySambhalSchool closedViolenceसंभल हिंसा के बाद पाबंदी
Advertisement
Next Article