टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

खतम भइल इंतजार, सामने आईल संजय लीला भंसाली के 'हीरामंडी: द डायमंड बाजार' के रिलीज डेट

10:48 AM Mar 28, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

संजय लीला भंसाली के फिल्म ‘हीरामंडी: द डायमंड बाजार’ के लोग बेसब्री से इंतजार करत बाड़े। मेकर लोग एह वेब सीरीज के बहुते झलक देखा चुकल रहुवे बाकिर रिलीज के तारीख के बारे में कवनो टिप्पणी नइखे भइल। अइसना में हताश प्रशंसक लगातार पूछत रहले कि ई सीरीज कब रिलीज होई।#HeeramandiKabReleaseHogi भी काल्ह सोशल मीडिया पर ट्रेंड करत रहल। अब आखिरकार मेकर्स एकर रिलीज डेट के एलान कs दिहले बाड़न।ऊ साफ कs दिहलन कि कब सबले बेसी प्रतीक्षित वेब सीरीज रिलीज होखे वाला बा।

Advertisement

रिलीज के तारीख के एलान 

नेटफ्लिक्स आ निर्देशक संजय लीला भंसाली मुंबई के महालक्ष्मी रेस कोर्स के उपर एगो भव्य ड्रोन शो में ‘हीरामंडी: द डायमंड बाजार’ के रिलीज डेट के एलान कइलन। बतावल गइल कि एह वेब सीरीज के प्रीमियर 1 मई 2024 के होखी। एह दौरान प्रमुख अभिनेत्री मनीषा कोइराला, सोनाक्षी सिन्हा, ऋचा चढ़ा, शर्मिन सहगल आ संजीदा शेख संजय लीला भंसाली के फिलिम ‘हीरामंडी’ में बाड़ी। रिलीज डेट के घोषणा करे खातिर 1000 ड्रोन के इस्तेमाल कईल गईल जवन कि एगो खास पल से कम ना रहे।

संजय लीला भंसाली प्रशंसकन के प्रतिक्रिया के इंतजार करत बाड़े

प्रीमियर डेट के एलान करत निर्देशक संजय लीला भंसाली कहले कि, 'हीरामंडी: द डिमांड बाजार के दुनिया के नेटफ्लिक्स पs ले आवे में जवन जज्बा अवुरी समर्पण देखवलस, ओकरा खातीर हम पूरा टीम के आभारी बानी।' एक मई के रिलीज होखला के बाद हमनी के दुनिया भर के दर्शकन के प्रतिक्रिया के इंतजार करब जा। बता दीं कि एह भव्य ड्रोन शो में एह धारावाहिक में मौजूद घुंघरू, झारोखा आ आदाब जइसन तत्वन के देखावल गइल। एकरा से आगे बहुत अद्भुत चीज देखे के रहे।

 

 

 

 

Tags :
Entertainment Entertainment News Entertainment News in BhojpuriEntertainment NewsManisha KoiralaSanjay Leela BhansaliSonakshi Sinha
Advertisement
Next Article