For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Saran Lok Sabha Election 2024: राबड़ी देवी इहवा से हार गइल बाड़ी, का अबकी बेर बेटी रोहिणी आचार्य बदला ले पइहे

08:41 AM May 14, 2024 IST | Raj Nandani
saran lok sabha election 2024  राबड़ी देवी इहवा से हार गइल बाड़ी  का अबकी बेर बेटी रोहिणी आचार्य बदला ले पइहे
Advertisement

सारण लोकसभा सीट के चुनाव 20 मई 2024 के पांचवा चरण के लोकसभा चुनाव में होखे वाला बा।

Advertisement

लोकसभा चुनाव 2024 के लड़ाई में बिहार में एक सीट बा जहवां पूर्व मुख्यमंत्री लालू यादव के परिवार के तीन सदस्य चुनाव लड़ले बाड़े। सारण सीट से खुद लालू यादव आ उनकर पत्नी राबड़ी देवी चुनाव लड़ले बाड़ी। साथही अबकी बेर लालू-राबड़ी के बेटी रोहिणी आचार्य मैदान में बाड़ी । अब देखल दिलचस्प होई कि का रोहिणी ओह सीट प जीत के झंडा फहरावे में सक्षम होइहे, जहां उनका महतारी के हार के स्वाद लेवे के पड़ल रहे?

सारण बिहार के 40 लोकसभा सीट में से एगो ह। ई निर्वाचन क्षेत्र परिसीमन आयोग के सिफारिश के आधार प 2008 में अस्तित्व में आइल। परिसीमन से पहिले छपरा लोकसभा क्षेत्र रहे। अबकी बेर भाजपा जहां सारण से आपन बईठल सांसद राजीव प्रताप रूडी के मैदान में उतारले बिया उहें लालू प्रसाद यादव के पार्टी राष्ट्रीय जनता दल रोहिणी आचार्य के आपन उम्मीदवार बना देले बिया। एह सीट के पूरा समीकरण जानल जाव ।

 लालू प्रसाद यादव के गढ़

सारण लोकसभा सीट के लालू प्रसाद यादव के गढ़ मानल गइल बा । लालू प्रसाद यादव 1977, 1989, 2004 आ 2009 में कुल 4 बेर ए सीट से सांसद रहल बाड़े। एकरा संगे-संगे भाजपा के राजीव प्रताप रूडी भी 1996, 1999, 2014 आ 2019 में चार बेर इहाँ से सांसद रहल बाड़े। राजीव प्रताप रूडी अबकी बेर हैट्रिक बनावे के तइयारी में लागल बाड़न । साल 2014 के चुनाव में रूडी लालू प्रसाद यादव के पत्नी आ बिहार के सीएम रहल राबड़ी देवी के हरा देले रहले। एकरा संगे-संगे 2019 के लोकसभा चुनाव में उ राजद उम्मीदवार चंद्रिका राय के एक लाख से जादे वोट के अंतर से हरा देले।

सारण में चुनावी मैदान में के के बाड़े?

अबकी बेर राजीव रूडी जीत के हैट्रिक बनावे का इरादा से मैदान में उतरल बाड़न । दोसरा तरफ लालू यादव के बेटी रोहिणी आचार्य परिवार के पारम्परिक सीट वापस पावे खातिर एक बेर फेरु चुनाव लड़त बाड़ी । रोहिणी पहिला बेर चुनावी राजनीति में उतर रहल बाड़ी । उ 2022 में अपना पिता लालू यादव के किडनी दान क के लाइमलाइट में आइल रहली। रोहिणी अपना परिवार के संगे सिंगापुर में रहेली बाकी अब चुवन खाती भारत आइल बाड़ी।

पहिला लोकसभा चुनाव 1957 में सारण सीट (तब छपरा) प भइल रहे। एकरा बाद कांग्रेस पार्टी के उम्मीदवार रामशेखर प्रसाद सिंह 1962, 1967 आ 1971 के लोकसभा चुनाव में सफल भइले। सारण के गठन के बाद साल 2009 में पहिला बेर चुनाव भइल, जवना में राजद के उम्मीदवार लालू प्रसाद यादव भाजपा के उम्मीदवार राजीव प्रताप रूडी के हरा देले। 1996 में छपरा लोकसभा सीट प पहिला बेर कमल खिलल रहे। भाजपा प्रत्याशी राजीव प्रताप रूडी एहिजा से जीत गइल रहले ।

जब रूडी राबड़ी देवी के हरा दिहले

लोकसभा चुनाव 2014 में भारतीय जनता पार्टी राजीव प्रताप रूडी के सारण सीट से उतारले रहे। एह चुनाव में रूडी लालू प्रसाद यादव के पत्नी राबड़ी देवी के 40 हजार से अधिका वोट के अंतर से हरा दिहले । राजीव प्रताप रूडी के कुल 3.55 लाख वोट मिलल जबकि राबड़ी देवी के 3.14 लाख वोट मिलल ।

पार्टी                  प्रत्याशी                वोटप्रतिशत

बीजेपी        राजीव प्रताप रूडी               41.12

आरजेडी        राबड़ी देवी                      36.38

जेडीयू           सलीम परवेज                  12.39

लोकसभा चुनाव 2019 के नतीजा

2019 के आम चुनाव में भाजपा के उम्मीदवार लालू यादव के समाधि के हरा देले रहले। अबकी बेर राजीव प्रताप रूडी लालू प्रसाद यादव के साथी आ राजद उम्मीदवार चंद्रिका राय के हरा दिहले रहले रूडी के करीब 5 लाख वोट मिलल रहे, जबकि चंद्रिका राय के 3 लाख से जादे वोट मिलल रहे।

पार्टी               प्रत्याशी              वोट प्रतिशत

बीजेपी      राजीव प्रताप रूडी              41.12

आरजेडी         राबड़ी देवी                  36.38

जेडीयू       सलीम परवेज                   12.39

लोकसभा चुनाव 2019 के नतीजा

2019 के आम चुनाव में भाजपा के उम्मीदवार लालू यादव के समधि के हरा देले रहले। अबकी बेर राजीव प्रताप रूडी लालू प्रसाद यादव के साथी आ राजद उम्मीदवार चंद्रिका राय के हरा दिहले रहले । रूडी के करीब 5 लाख वोट मिलल रहे, जबकि चंद्रिका राय के 3 लाख से जादे वोट मिलल रहे।

पार्टी               प्रत्याशी                   वोटप्रतिशत

बीजेपी        राजीव प्रतापरूडी                  51.29

आरजेडी       चंद्रिका राय                       41.33

NOTA           NOTA                      3.00

अबकी सारण में 11 क्षेत्रीय दल आ निर्दलीय उम्मीदवार

एह संसदीय चुनाव में कुल 14 गो उम्मीदवार मैदान में बाड़े । भाजपा, राजद आ बसपा के अलावे क्षेत्रीय दल के पांच अउरी निर्दलीय 6 उम्मीदवार बाड़े। क्षेत्रीय पार्टी जनहित किसान पार्टी गजेन्द्र प्रसाद चौरसिया, भारतीय एकता दल गिआनी कुमार शर्मा, गण सुरक्षा पार्टी वरुण कुमार दास, भारतीय लोक चेतना पार्टी राजेश कुशवाहा आ भारतीय सार्थक पार्टी अमनौर से भाजपा विधायक रहल शत्रुघन तिवारी के खड़ा कइले बिया उर्फ चोकर बाबा के नाम से जानल जाला। आरती कुमारी, प्रभात कुमार, मोहम्मद सलीम, राघवेन्द्र प्रताप सिंह, लक्ष्मण प्रसाद यादव आ शेख नौसाद निर्दलीय चुनाव लड़ले बाड़न ।

Tags :
Advertisement