टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सारण के कुख्यात अनु अपना सहजोगी के संगे गिरफ्तार : 50 हजार के रहे इनाम, पुलिस के विशेष टीम दबोचलस... कइयन ममिला बा दर्ज

10:11 AM Feb 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सारण पुलिस दियारा के कुख्यात अनु सिंह के ओकरा दो सहजोगियन के संगे गिरफ्तार कइले बिया। दु सहजोगियन के पहचान चंदन कुमार आ विशाल कुमार के रूप में भइल बा। कुख्यात अनु के ऊपर पुलिस मुख्यालय 50 हजार के इनाम रखले बा। अनु पर अलग-अलग थाना में पांच गो ममिला दर्ज बा।

Advertisement

हत्या, लूट, अपहरण, रंगदारी सहित कइयन संगीन ममिला दर्ज बा। ई गिरफ्तारी पहलेजा ओपी पुलिस के निरदेस आ विशेष टीम कावर से योजनाबद्ध तरीका से कइल गइल बा। ओकरा लगे से एगो देसी तमंचा सहित चार जिंदा कारतूस, मोबाइल आ बाइक जब्त कइल गइल बा।

कुख्यात अपराधी के गिरफ्तारी के जानकारी एसपी गौरव मंगला प्रेस रिलीज के माध्यम से देलें। सोनपुर थाना में प्राथमिकी दर्ज करत न्यायिक हिरासत में भेजे के तइयारी कइल जा रहल बा। ई गिरफ्तारी पहलेजा थाना पुलिस आ एसटीएफ टीम कइले बिया।

एकरा कारण 50 हजार इनाम के राशि पहलेजा थाना आ एसटीएफ टीम के दिहल जाई। हाले में पुलिस मुख्यालय के निरदेस पs जिला पुलिस कावर से कुख्यात अपराधियन के लिस्ट आ इनाम राशि जारी कइल गइल रहे। जेमे अन्नू के नाम दर्ज बा। गिरफ्तार अन्नू के सारण के सोनपुर दियारा में आतंक रहे।

कुख्यात अन्नू के आपराधिक लिस्ट

1. सोनपुर थाना कांड संख्या-817/19, धारा-394 भा0द0वि0।

2. सोनपुर थाना कांड संख्या-827/19, धारा-414 भा0द0वि0 एवं 25(1-बी) ए /26/35 आर्म्स अधि०।

3. सोनपुर थाना कांड संख्या-298/19, धारा-394 भा0द0वि0 एवं 27 आर्म्स अधि०।

4. सोनपुर थाना कांड संख्या-774/19, धारा-392 भा0द0वि0।

5. सोनपुर थाना कांड संख्या-379/19, धारा-413/414 भा0द0वि0 एवं 25(1-बी) ए/26/35 आर्म्स अधि०।

Tags :
Bhojpuri NewsChhapra NewsCrime NewsCriminal Anu Arrestednotorious criminalsaran police
Advertisement
Next Article