For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

RSS: सरकार्यवाह दत्तात्रेय होसबोले अहिल्या देवी होलकर विशेषांक के कइलें लोकार्पण, 4 दिन के दौरा पs अइलें 

08:53 AM Oct 08, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
rss  सरकार्यवाह दत्तात्रेय होसबोले अहिल्या देवी होलकर विशेषांक के कइलें लोकार्पण  4 दिन के दौरा पs अइलें 
Advertisement

गोरखपुर के तारामंडल इस्थित बाबा गंभीर नाथ प्रेक्षागृह में राष्ट्रीय स्वयंसेवक के सर कार्यवाह अहिल्या देवी होलकर विशेषांक के लोकार्पण कइलें।

Advertisement

एकरा पहिले, राष्ट्रीय स्वयं सेवक संघ के सरकार्यवाह दत्तात्रेय होसबाले संघ के शाखा में राष्ट्र निर्माण, संघ के विस्तार आ सामाजिक विकृतियन पs चिंतन-मंथन कइलें। ऊ कहलें कि हिंदू समाज में भेदभाव आ छुआछूत खातिर कवनो जगह नइखे। एह भावना के पनपे मत दीं। एकरा खातिर निरंतर काम करे के जरूरत बा। भेदभाव के मिटाके समाज के विकृति से बचावल जा सकत बा।

सरकार्यवाह दत्तात्रेय होसबाले दु दिन पहिले गोरखपुर पहुंचल रहस। अतवार के सबेरे ऊ करीब छव बजे सहारा एस्टेट में संघ के शाखा में पहुंचलें। ऊ पदाधिकारियन आ स्वयंसेवकन के संगे बौद्धिक आ कुटुम्ब प्रबोधन पs विमर्श कइलें। सबेरे संघ के शाखा के सुरुआत सबेरे ध्वज प्रणाम से भइल। ओकरा बाद बौद्धिक सत्र सुरू भइल, जेमे राष्ट्र निर्माण आ सामाजिक समरसता जइसन मुद्दन पs विमर्श भइल।

Tags :
Advertisement