टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

MP: मैहर में मां शारदा के दरबार में युवक काट लिहलस आपन गटई, हवनकुंड के पास मिलल शरीर

08:05 AM Jan 16, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

मध्य प्रदेश के सतना जिला में माई शारदा के प्रति भक्ति के अइसन रूप देखल गइल जवना से लोग के आत्मा काँपत रहे। मैहर के शारदा माता मंदिर में सोमवार के रात एगो भक्त आपन गटई काट दिहलस। हालांकि पुलिस अबे एs मामिला के छानबीन में जुटल बिया। गटई कटला के बाद आदमी के अस्पताल पहुंचावल गईल, लेकिन बाद में ओकरा के मृत घोषित कs दिहल गईल।

अकेले मंदिर में आके ओकर गटई काट लिहलस

पुलिस अधिकारी बतवले कि मरेवाला के पहचान उत्तर प्रदेश के प्रयागराज जिला के निवासी 37 साल के ललाराम के रूप में भईल बा। मैहर थाना प्रभारी अनीमेश द्विवेदी बतवले कि, शारदा माता मंदिर के हवनकुंड के नजदीक ललाराम मृत मिलल। अकेले आके गला काट दिहलस। उs अयीसन काहें कईले, एकर जांच होखता।" द्विवेदी कहले, "केहु उनुका के अयीसन करत ना देखले। एगो अधिकारी ओकरा के खून से लथपथ देखलस अवुरी ओकरा लगे चाकू पड़ल देखाई दिहल।

माई के खुश करे खातिर एगो आदमी पहिलो से गटई काट लेले रहें

बता दीं कि एहसे पहिले भी अइसने एगो मामिला सामने आइल बा। साल 2020 में नवरात्रि से पहिले माई शारदा के दरबार में एगो 50 साल के आदमी गटई काट लिहलस। बतावल जात रहे कि ऊ ईs सब अपना माई के खुश करे खातिर कइले बा। खून से भींजल आदमी के देख के मंदिर में हंगामा मच गईल। एह दौरान उs व्यक्ति बार-बार कहत रहे कि माई के धरती पs आवे के होई अवुरी हमरा संगे न्याय करे के होई।

 

 

 

Tags :
Crime NewsCrime news in BhojpuriMadhya PradeshSatna
Advertisement
Next Article