For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सत्यवान  'चिरंजीवी' बनलें सपा अधिवक्ता सभा के प्रदेश सचिव, भइल जोरदार स्वागत

11:01 PM Jun 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
सत्यवान   चिरंजीवी  बनलें सपा अधिवक्ता सभा के प्रदेश सचिव  भइल जोरदार स्वागत
Advertisement

गोरखपुर। समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव के निरदेस पs समाजवादी अधिवक्ता सभा के प्रदेश अध्यक्ष सिकंदर यादव के ओर से मंगर के सिविल कोर्ट गोरखपुर के नवहा अधिवक्ता सत्यवान चिरंजीवी के अधिवक्ता सभा के प्रदेश सचिव मनोनित कइल गइल बा। उनका मनोनयन के बाद अधिवक्ता लोग सिविल कोर्ट परिसर मे सत्यवान चिरंजीवी के फूल माला पहिना के आ, मिठाई खियाके बधाई दिहल।

Advertisement

सत्यवान एकरा पहिले समाजवादी छात्र सभा में राष्ट्रीय कार्यकारिणी मे रहस आ पार्टी से लमहर समय से जुड़ल बाड़ें। उनका के बधाई देवे वालन मे सिविल कोर्ट के अध्यक्ष भानु पांडेय, उपाध्यक्ष सुमित प्रधान, कोषाध्यक्ष सुनील मिश्रा, संतोष यादव, राहुल तिवारी, नीरज शाही, संजय सिंह, रितेश श्रीवास्तव, बसंत श्रीवास्तव, अंशुमान पाठक, अखंड पांडेय, गुफरान खाँ, अतिफ, राघवेंद्र यादव, छत्रधारी यादव, विनीत कुमार आदि लोग सामिल रहल।

Tags :
Advertisement