For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Sawan 2024: सावन के पहिला सोमवार के बिहार में बड़ दुर्घटना; गंगा में चार लईका डूब गइले, सात गो बच गइले

03:59 PM Jul 22, 2024 IST | Raj Nandani
sawan 2024  सावन के पहिला सोमवार के बिहार में बड़ दुर्घटना   गंगा में चार लईका डूब गइले  सात गो बच गइले
Advertisement

बिहार समाचार : पहिला सोमवार से सावन शुरू हो गइल। एह दिन गंगा में नहाए के भी महत्व बा। बाकी, खुशी के माहौल में भागलपुर से ही एगो बड़ दुर्घटना के खबर आइल। इहाँ 11 गो लईका समूह में नहाए गइले आ ओमे से सिर्फ चार के लाश वापस आइल।

Advertisement

भागलपुर जिला के नारायणपुर प्रखंड अंतर्गत भवानीपुर थाना क्षेत्र के मधुरापुर गंगा जहज घाट पर सोमवार के दिने डूबे का चलते चार गो लड़िकन के मौत हो गइल। गोताखोरन के मदद से तीन गो लड़िकन के लाश नदी से बाहर निकाल के ओह लोग के परिवार के सौंप दिहल गइल । एक के खोज जारी बा। मरेवाला सभे नवगछिया थाना क्षेत्र के नया टोला के निवासी रहले।

 मधुरापुर गंगा जहाज घाट में नहाये आए

परिवार के लोग बतवले कि पहिला सोमवार के नवगछिया नया टोला गांव के 11 लईका मधुरापुर गंगा जहाज घाट पs गंगा में नहाए आइल रहले। पहिले गहिरा पानी में जाए के चलते एगो लईका डूबे लागल। ओकरा के बचावे खातिर एगो अउरी लईका पहुंचल। एही तरे एक दूसरा के बचावे के कोशिश में 11 लईका एक-एक कs के डूबे लगले। स्थानीय लोग के मदद से सात लईका के बचावल गइल। चार गो लइका ओहिजा डूब गइलें।

डूबला के चलते ई चारो लोग आपन जान गँवा दिहलस।

एह हादसा में चार शिवम कुमार (18 साल) पिता दिगंबर शर्मा, सोनू कुमार (16 साल) पिता दिलीप गुप्ता, आलोक कुमार (18 साल) पिता संतोष भगत, संजीव कुमार (17 साल) पिता अरुण कुमार शाह के मौत हो गइल। भवानीपुर थाना प्रमुख निरीक्षक महेश कुमार, सर्कल अधिकारी विशाल अग्रवाल, आरओ भरत कुमार झा समेत कई गो अधिकारी घटना स्थल पs पहुंच के मामला के छानबीन शुरू कs देले बाड़े।

Tags :
Advertisement