For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर में SBI कर्मचारी के महिला मित्र लूटलस :दोस्ती कs के लखनऊ में जमीन किनववलस, फेर रेप केस में फंसावे के डर दिखाके एक करोड़ हड़पलस 

01:24 PM May 08, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
गोरखपुर में sbi कर्मचारी के महिला मित्र लूटलस  दोस्ती कs के लखनऊ में जमीन किनववलस  फेर रेप केस में फंसावे के डर दिखाके एक करोड़ हड़पलस 
Advertisement

गोरखपुर में एगो बैंक कर्मचारी के महिला से दोस्ती कइल महंगा पड़ गइल। SBI बैंक में कैशियर पद पs काम करे वाला कर्मचारी के महिला मित्र रेप के केस दर्ज करावे के डर दिखाके ओकरा के खूब लूटलस। महिला पहिले ओकर पैतृक आवास बेचवाके ओकर रकम से अपना नाव पs लखनऊ में जमीन किनवा लेलस। एकरा बाद करीब एक करोड़ रुपिया लेके हड़प लेलस।

Advertisement

अब महिला मित्र अपना पति के संगे मिलके ओकरा से रकम के मांग कs रहल बिया। पीड़ित बैंक कर्मचारी SSP के प्रार्थनापत्र देके कार्रवाई के मांग कइले बाड़ें। SSP के निरदेस पs तिवारीपुर पुलिस आरोपी दंपती के खिलाफ रंगदारी आ जानमाल के धमकी देवे सहित आउर गंभीर धारा में केस दर्ज कs के ममिला के जांच सुरू कs देले बिया।

बैंक में भइल रहे महिला से दोस्ती

दरअसल, सरोज कुमार भट्टाचार्य पुलिस के दिहल प्रार्थनापत्र में बतवलें बाड़ें, साल 2014 में ऊ SBI के सूरजकुंड शाखा में कैशियर के पद पs तैनात रहस। बैंक में उनकर एगो महिला से मुलाकात भइल। ऊ जरूरत बताके दु हजार रुपिया के मांग कइलस। ऊ ओकरा के रुपिया दे देलें।

दूसरका दिन ऊ बैंक आके रुपिया वापस कs देलें। एकरा बाद ऊ कवनो न कवनो बहाने बैंक आके मिले लागल। एक दिन ऊ अपना घरे दावत पs बोलवलस। एकरा बाद अक्सर बहाना बनाके ऊ अपना घरे बोलावे लागल। ऊ बतवलस कि ओकर पति देस के बाहर रहके नौकरी करेला।

रेप केस में फंसावे के धमकी देके बिकवा दिहलस घर

एक दिन ऊ लखनऊ में जमीन किने के दबाव बनावे लागल। जमीन ना किनला पs ऊ रेप के केस दर्ज कs के फंसावे के धमकी देवे लागल। ओकरा दबाव बनवला पs लगे रुपिया ना होखला पs उनका आपन पैतृक मकान 10 नवंबर, 2015 के 40 लाख रुपिया में बेचे के पड़ल। मकान बेचके मिलल रकम से लखनऊ में महिला अपना नाम पs जमीन किनववलस। ओमे ऊ गवाहो बनल बाड़ें।

ओह जमीन के रकम के भुगतान ऊ अपना बैंक खाता से कइलस। एकरा बाद ऊ फेर जरूरत बताके रुपियन के मांग करे लागल। एकरा अलावे तिवारीपुर इस्थित मकान में ऊ  उनका से 19 लाख रुपिया लेकर फर्निश में लगवा देलस। एकरा संगही साल 2015 से 2019 तक महीना में 15 से 20 हजार रुपिया ऊ कवनो न कवनो बहाने ले लिहल करत रहे। मना कइला पs ब्लैकमेल करे लागल।

घर बुलाके स्टांप पs करा लेलस साइन

पुलिस में शिकायत करे के बात कहला पs महिला धीरे-धीरे रुपिया देवे के हामी भरलस। एकरा बाद ऊ पति के संगे लखनऊ जाके शिफ्ट हो गइल। रुपिया खातिर दबाव बनावे पs एक दिन ऊ अपना घरे बोलवलें। आरोप बा कि पति के संगे मिलके जबरन स्टांप पेपर पs रुपिया मिले के हस्ताक्षर करवा लिहल गइल।

पीड़ित बतवलें कि ऊ आपन पूरा कमाई आ पैतृक मकान बेचके महिला के दे चुकल बाड़ें। अब ऊ शहर में किराया पs कमरा लेके रहे के मजबूर बा। ऊ उनका भय से मानसिक तनाव आ डिप्रेशन में जिनगी व्यतीत कs रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Advertisement