टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दु कमरा में 8वीं क्लास तक चलेला स्कूल: छपरा के मशरख में दु कमरा में पढ़ेला लो 239 छात्र, खुलल आसमान के नीचे लागेला क्लास

11:16 AM Dec 15, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

सारण के मशरक प्रखंड के बंगरा पंचायत के हंसापीर गांव में राजकीय बुनियादी विद्यालय बा। इहां दु कमरा में कक्षा एक से लेके कक्षा आठ तक के पढ़ाई होला। दु कमरा में बइठके लईका पढ़ाई करत बा लो। एह स्कूल में तकरीबन 239 लईकन के नामांकन बा। जेमे करीब 150 लईका रोजाना स्कूल आवत बा लो। विद्यालय अइला के बाद सब वर्ग के लईका दुनु कमरा में बइठ जाला लो। एह स्कूल में दुगो आउर कमरा बनल बा। बाकिर उ जर्जर स्थिति में बा, ओकरा ऊपर छत हइये नइखे।

Advertisement

लिहाजन सब कक्षा के छात्र-छात्रा दुइये कमरा में बइठके आपन पढ़ाई पूरा करेला लो। क्लास रूम में छात्रन के जादे उपस्थिति होखला पs स्कूल परिसर में खुलल आसमान के सहारा लिहल जाला। जब खुलल आसमान के नीचे गाछ के छांव में कक्षा संचालित होला। जवन कि जान जोखिम में डालके लईकन के बइठावल जाला।

सातवीं कक्षा के छात्रा ममता कुमारी बतवली कि कक्षा एक से लेकर आठ तक के लईका एही दु कमरा में बइठेला लो। जवना कारण पढ़ाई में परेसानी होला। ऊ जिला प्रशासन से मांग कइली कि हर वर्ग खातिर अलग क्लास रूम बनावल जाव।

एह संबंध में स्कूल के प्रभारी प्रधानाचार्य अनंत कुमार सिंह बतवलें कि लईकन के बइठ में बहुत परेसानी होला। दुगो कमरा में सब लईका बइठेला लो। लईका जब जादे आवेला लो तs पहिला से पांचवी क्लास के लईकन के खुलल आसमान के नीचे बाहर सूखल गाछ के नीचे पढ़ाई करवावल जाला। ओहिजा वर्ग छह से आठ तक के लईकन के एही दु कमरा में पढ़ावल जाला।  पुरान भवन में दुगो कमरा बा, बाकिर एकर दीवार जर्जर स्थिति में बा आ ऊपर छत तक नइखे। जवना कारण उहां लईकन के ना बइठे दिहल जाला।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Bhojpuri NewsChhapra Newseducation newsMashrak news
Advertisement
Next Article