For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सांसदन में धक्का-मुक्की: मुकेश राजपूत आईसीयू में भरती; प्रताप सारंगी चोटिल, बोललें- राहुल धक्का मरलें

02:22 PM Dec 19, 2024 IST | Anurag Ranjan
सांसदन में धक्का मुक्की  मुकेश राजपूत आईसीयू में भरती  प्रताप सारंगी चोटिल  बोललें  राहुल धक्का मरलें
Pratap Sarangi - फोटो : PTI
Advertisement

संसद के दुनो सदनन में आजो हंगामा हो रहल बा। बाबा साहेब भीमराव आंबेडकर के मुद्दा पs कांग्रेस आ भाजपा दुनो संसद भवन परिसर में प्रदर्शन कइलस। एह दौरान दुनो दलन के सांसदन के बीच मकर द्वार पs धक्का-मुक्की के खबर आइल। भाजपा सांसद प्रताप सारंगी के माथा में चोट देखल गइल। एह दौरान भाजपा सांसद मुकेश राजपूतो घायल हो गइल। उनकर हालत गंभीर बनल बा। उनका के आरएमएल अस्पताल के आईसीयू में भर्ती करावल गइल बा। सारंगी के इलाजो एही अस्पताल में चल रहल बा। पीएम मोदी फोन पs सांसदन के हालचाल जनले बाड़ें।

Advertisement

घायल सांसद आरोप लगवलें कि राहुल गांधी एगो सांसद के धक्का देलें, जे हमरा ऊपर गिरल। आरोप पs जवाब देत राहुल कहलें कि हs! अइसन भइल। हमरा के प्रवेश द्वार पs रोके के कोसिस करत रहे लो। मल्लिकार्जुन खरगे आ प्रियंका गांधी के संगे धक्का-मुक्की भइल।

काहे आमने-सामने आइल लो भाजपा-कांग्रेस सांसद?

दरअसल, बाबासाहेब भीमराव आंबेडकर पs केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के बयान के लेके कांग्रेस संसद भवन परिसर में मार्च निकलले। जवाब में भाजपा कांग्रेस पs झूठ के राजनीति के आरोप लगावत प्रदर्शन कइलस। एह दौरान संसद भवन के मकर द्वार पs दुनो दलन के सांसद आमने-सामने आ गइल लो। दुनो के बीच धक्का-मुक्की के नौबत आइल।

प्रताप सारंगी का आरोप लगवलें?

एह बीच प्रताप सारंगी चोटिल देखल गइलें। जब उनका से पूछल गइल तs ऊ कहलें कि राहुल गांधी एक सांसद के धक्का देलें, जवन मेरा ऊपर गिर गइल। एकरा बाद हम नीचे गिर गइनी। हम सीढ़ियन के लगे खड़ा रहनी, जब राहुल गांधी अइलें आ एगो सांसद के धक्का देलें, जे हमरा ऊपर गिर गइलें। एह बीच केंद्रीय मंत्री प्रहलाद जोशी, अर्जुन राम मेघवाल, पीयूष गोयल आ आउर भाजपा नेता पार्टी सांसद प्रताप सारंगी के देखे आरएमएल अस्पताल पहुंचल बा लो।

प्रताप सारंगी के टांका लगावे के पड़ल, बेहोश हो गइल रहलें मुकेश राजपूत

राम मनोहर लोहिया अस्पताल के तरफ से दिहल गइल जानकारी में बतावल गइल कि घायल होके अस्पताल आइल प्रताप सारंगी आ मुकेश राजपूत के इस्थिर करे के कोसिस करत रहे लो। संगही जरूरत के आधार पs जांचो कइल जा रहल बा। जांच खातिर नर्सिंग होम के टीम बनावल गइल बा। माथा में चोट लगला के कारण एतिहात के तौर पs आईसीयू में भर्ती करावल गइल बा। प्रताप सारंगी के बहुत जादे रक्तस्राव हो रहल बा आ उनक गहिराह घावो भइल रहे। एहिसे उनका के टांका लगावे के पड़क। उनकर मूल्यांकन कइल जा रहल बा। मुकेश राजपूत बेहोश हो गइल रहस।

राहुल का देलें जवाब?

ममिला में जब लोकसभा में विपक्ष के नेता से सवाल कइल गइल तs ऊ कहलें कि ई राउर कैमरा में हो सकत बा। हम संसद के प्रवेश द्वार से अंदर जाये के कोसिस कs रहल बा, भाजपा सांसद हमरा के रोके, धक्का देवे आ धमकावे के कोसिस कs रहल बा। एहिसे ई भइल। हां, अइसन भइल बा। मल्लिकार्जुन खरगे के धक्का दिहल गइल। प्रियंका गांधी के धक्का दिहल गइल। हालांकि, धक्का-मुक्की से हम प्रभावित ना भइनी। ई प्रवेश द्वार हs आ हम अंदर जाये के अधिकार बा। भाजपा सांसद हमनी के अंदर जाये से रोके के कोसिस करत बा। मुख्य मुद्दा बा कि ऊ संविधान पs हमला कs रहल बा लो आ आंबेडकर के स्मृति के अपमान कs रहल बा लो।

Read Also: राहुल गांधी पs भाजपा सांसद के धक्का देवे के आरोप

Tags :
Advertisement