टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सीएम के सिटी में एसडीएम के गाड़ी हो गईल सीज, इs देख के ऐक्शन में आईल गोरखपुर पुलिस

01:55 PM Apr 19, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

सीएम योगी आदित्यनाथ के शहर गोरखपुर में पुलिस कार्रवाई में बिया। बियफ़ें के कैंट पुलिस नियम के खिलाफ निजी गाड़ी पs हूटर अवुरी स्टिकर लगा के गाड़ी चलावत डुमरियागंज के एसडीएम के गाड़ी जब्त कs लेलस। जांच के दौरान पुलिस जब गाड़ी के रोक देलस तs ड्राइवर पुलिस के बतवले कि इs एसडीएम के गाड़ी हs, लेकिन कैंट थाना एकरा के नियम के खिलाफ होखे के हवाला देत कार्रवाई कईलस। एसडीएम डॉ. संजीव कुमार दीक्षित गोरखपुर में तहसीलदार भी रह चुकल बाड़े।

Advertisement

एसएसपी के आदेश पs पुलिस लगातार ओ गाड़ी के खिलाफ कार्रवाई करतिया, जवन कि गलत तरीका से हूटर के इस्तेमाल करेले, नकली पास से गाड़ी चलावेले अवुरी पुलिस पिकअप के गाड़ी के डैश बोर्ड पs राखेले। एह मामिला में लगातार कार्रवाई चल रहल बा. फर्जी पास के मामिला में कैंट थाना में एगो पूर्व मंत्री के बेटा के खिलाफ भी मामिला दर्ज भईल। एही तरह के जांच के दौरान एगो फर्जी इंस्पेक्टर भी पकड़ल गईल।

बियफ़ें के एसपी सिटी कृष्ण कुमार बिश्नोई रेलवे जीएम कार्यालय के नजदीक से गुजरत रहले। एs दौरान उनुकर नजर एगो निजी कार पs पड़ल, जवना पs हूटर लगावल रहे। उs तुरंत गाड़ी रोक के कैंट पुलिस के फोन कईले। जब पुलिस पूछताछ कईलस तs ड्राइवर बतवले कि इs गाड़ी डुमरियागंज के एसडीएम के हs, जवन कि पहिले गोरखपुर के सदर तहसीलदार भी रहले।

नियम के मुताबिक गाड़ी ना चलावे के चलते पुलिस गाड़ी के जब्त कs लेले बिया। हालांकि पुलिस के कार्रवाई के बाद एसडीएम भी संपर्क कईले रहले लेकिन तब ले कार्रवाई हो चुकल रहे।

 

 

 

Tags :
Gorakhpur policeUp Latest NewsUp Police News
Advertisement
Next Article