टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

वरिष्ठ भाजपा नेता सुनील ओझा के दिल्ली में निधन, गड़ौली धाम आश्रम के लेके चरचा में रहस 

11:52 AM Nov 29, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

वरिष्ठ भाजपा नेता सुनील ओझा के दिल्ली में निधन हो गइल बा। बता दीं कि कुछ महीना पहिले उनकर उत्तर प्रदेश से बिहार ट्रांसफर हो गइल रहे। बिहार ट्रांसफर से पहिले सुनील ओझा यूपी के सह प्रभारी रहस, फेर उनका के बिहार में पार्टी के सह प्रभारी बनावल गइल। बीजेपी अध्यक्ष जेपी नड्डा ई नियुक्ति कइले रहस।

Advertisement

सुनील ओझा मूल रूप से बिहार के रहे वाला रहस आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के करीबी नेता लोगन में से एगो मानल जात रहस। सुनील ओझा के बिहार के सह प्रभारी बनवला के बाद राजनीतिक गलियारन में हलचल तेज हो गइल रहे।

गड़ौली धाम आश्रम के लेके चरचा में रहस 

बता दीं कि सुनील ओझा पिछला दिनन गड़ौली धाम आश्रम के लेके चरचा में रहस। मिर्जापुर में गंगा नदी के किनारे गड़ौली धाम आश्रम के निर्माण कइल जा रहल बा। जवना के बारे में बतावल जाला कि ई सुनील ओझा के देखरेख में बनत रहे।

Tags :
Bhojpuri NewsBihar BJP Co HeadGadauli Dham ASHRAMSenior BJP LeaderSunil OjhaSunil Ojha Passed Away
Advertisement
Next Article