हरियर निशान पs खुलल शेयर बाजार, अदाणी समूह के बयान के बाद सेंसेक्स आ निफ्टी में उछाल
अमेरिका में लगावल गइल आरोपन के अदाणी समूह के ओर से नकारल गइला के बाद बुध के शेयर बाजार हरियर निशान पs खुलल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स आ निफ्टी में उछाल देखल गइल। 30 शेयरन वाला बीएसई सेंसेक्स सुरुआती कारोबार में 166.1 अंक चढ़के 80,170.16 अंक आ 50 शेयरन वाला निफ्टी 74.35 अंक के बढ़त के संगे 24,268.85 अंकन तक पहुंच गइल बा।
अइसन रहल बाजार के चाल
सुरुआती सौदन के बाद दुनुये सूचकांकन में उतार-चढ़ाव देखे के मिलल। बीएसई सूचकांक 60.26 अंक चढ़के 80,055.58 अंक पs आ निफ्टी 16.55 अंक के बढ़त के संगे 24,211.10 अंक पs आ गइल। सेंसेक्स में सूचीबद्ध 30 कंपनियन में से महिंद्रा एंड महिंद्रा, कोटक महिंद्रा बैंक, अदाणी पोर्ट्स, एचसीएल टेक्नोलॉजीज, टेक महिंद्रा आ एनटीपीसी के शेयरन में तेजी रहल। इंडसइंड बैंक, भारती एयरटेल, टाटा स्टील, अल्ट्राटेक सीमेंट के शेयरन में गिरावट आइल।
उतार-चढ़ाव देखे के मिलल
बिदेसी पूंजी के प्रवाह आ अमेरिकी बाजारन में तेजी के बीच घरेलू शेयर बाजार मजबूती के संगे कारोबार के सुरुआत कइलस। हालांकि, अमेरिका के नवनिर्वाचित राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप के शुल्क संबंधी धमकियन के लेके चिंता के कारण सबेरे के कारोबार में बाजार में उतार-चढ़ाव देखे के मिलल।
अदाणी समूह के बयान के बाद दिखल हरियाली
एकरा पहिले जानल-मानल कारोबारी आ अरबपति गौतम अदाणी आउर उनकर भतीजा सागर अदाणी पs लागल आरोपन के अदाणी समूह सिरा से खारिज कs देले रहे। अदाणी समूह बुध के कहले रहे कि गौतम अदाणी आ उनका भतीजा पs रिश्वतखोरी में कवनो आरोप नइखे। एकरा अलावे ओकरा पs एगो ममिला में अमेरिकी अधिकारियन के ओर से कोर्ट में दायर अभियोग में अमेरिकी बिदेसी भ्रष्ट आचरण अधिनियम (एफसीपीए) के कवनो उल्लंघन के आरोप नइखे लगावल गइल।
इहों पढ़ीं: Chhapra News: हाइटेक टेक्नोलॉजी से आशा कार्यकर्ता लैस, घर-घर जाके बनाई आयुष्मान कार्ड
रुपिया सुरुआती कारोबार में 15 पईसा गिरल
घरेलू शेयर बाजारन में नरम रुख के बीच रुपिया बुध के सुरुआती कारोबार में 15 पईसा के गिरावट के संगे 83.44 प्रति डॉलर पs आ गइल। अंतरबैंक बिदेसी मुद्रा विनिमय बाजार में रुपिया 84.38 प्रति डॉलर पs खुलल आ फेर 84.44 प्रति डॉलर पs पहुंच गइल। ई पिछला बंद भाव के मुकाबले 15 पईसा के गिरावट के ओर इशारा करत बा। रुपिया मंगर के अमेरिकी डॉलर के मुकाबला 84.29 पs बंद भइल रहे।