For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

75000 के पार निकलल सेंसेक्स : सेंसेक्स 75,124 आ निफ्टी 22765 के ऑल टाइम हाई बनवलस 

10:54 AM Apr 09, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
75000 के पार निकलल सेंसेक्स   सेंसेक्स 75 124 आ निफ्टी 22765 के ऑल टाइम हाई बनवलस 
Advertisement

शेयर बाजार आज माने नौ अप्रिल के पहिला बेर 75,000 के लेवल के पार निकल गइल बा। सेंसेक्स 75,124 के आ निफ्टी 22,765 के ऑल टाइम हाई बनवलस। सुरुआती कारोबार के दौरान सेंसेक्स के 30 शेयरन में से 26 में तेजी आ चार में गिरावट देखे के मिल रहल बा।

Advertisement

बाजार में तेजी के तीन वजह...

  • चुनाव से मार्केट के उम्मीद बा कि एक बेर फेर से BJP के सरकार आई, जवना के वजह से तेजी देखे के मिल रहल बा।
  • शेयर बाजार में बिदेसी निवेशक पिछला सेशन में 1,659.27 करोड़ रुपिया निवेश कइले बा लो, जवना से मार्केट सेंटीमेंट पs पॉजिटिव असर पड़ल बा।
  • मार्केट के जून में अमेरिकी ब्याज दरन में कटौती के बा उम्मीद।

बिहनहूं बाजार बनवले रहे ऑल टाइम हाई

एकरा पहिले बिहान माने 8 अप्रिल के शेयर बाजार ऑल टाइम हाई बनवले रहे। सेंसेक्स 74,869 के आ निफ्टी 22,697 के लेवल छुअले रहे। हालांकि, बाद में ई तनिका नीचे आइल आ सेंसेक्स 494 अंक के तेजी के संगे 74,742 के स्तर पs बंद भइल। ओहिजा, निफ्टी में 152 पॉइंट के तेजी रहल, ई 22,666 के स्तर पs बंद भइल।

Tags :
Advertisement