टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सेंसेक्स में 500 अंक से जादे के गिरावट: निफ्टी 100 अंक से जादे टूटल, एलन मस्क के 33% हिस्सेदारी बेच सकत बा वोडा-आइडिया

12:13 PM Jan 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

शेयर बाजार में आज माने 2 जनवरी के गिरावट देखे के मिल रहल बा। सेंसेक्स 500 अंक से जादे के गिरावट के संगे 71,800 के स्तर पs कारोबार कs रहल बा। ओहिजा निफ्टी में 100 अंक से जादे के गिरावट आइल बा। ई 21,600 के स्तर पs कारोबार कs रह बा। बैंकिंग, IT आ मेटल शेयर्स में जादे गिरावट बा। सेंसेक्स के 30 शेयरन में से 27 में गिरावट आ 3 में तेजी देखे के मिल रहल बा। एकरा पहिले काल्ह बाजार ऑल टाइम हाई बनवले रहे।

Advertisement

स्टारलिंक के 33% हिस्सेदारी बेच सकत बा वोडाफोन-आइडिया

कइयन न्यूज रिपोर्टन में दावा कइल गइल बा कि सरकार वोडाफोन आइडिया में आपन 33% हिस्सेदारी के एलन मस्क के सैटेलाइट इंटरनेट फर्म स्टारलिंक के बेच सकत बा। सेबी एह रिपोर्ट के लेके कंपनी से स्पष्टीकरण मंगले बा।  वोडाफोन आइडिया के शेयर बीतल 2 दिनन में 23% से जादे चढ़ल बा।

विदेशी संस्थागत निवेशकन के ओर से बिकवाली

नया साल के पहिले कारोबारी सेशन में विदेशी संस्थागत निवेशकन के (FII) के ओर से बिकवाली दिखल। जबकि, घरेलू संस्थागत निवेशकन (DII) के ओर से खरीदारी दिखल बा। FII 1 जनवरी के 855.80 करोड़ रुपिया के बिकवाली कइलस। जबकि, एह दौरान 410.46 करोड़ रुपिया के खरीदारी लउकल।

काल्ह बाजार बनवले रहे ऑल टाइम हाई

एकरा पहिले बिहान माने नया साल के पहिला दिन (1 जनवरी 2024) के शेयर बाजार नया ऑल टाइम हाई बनवले रहे। सेंसेक्स 72,561 आ निफ्टी 21,834 के स्तर छुअलस। हालांकि एकरा बाद एमे तनिका गिरावट देखे के मिलल आ सेंसेक्स 31 अंक के बढ़त के संगे 72,271 पs बंद भइल। ओहिजा, निफ्टी में 10 अंक के बढ़त रहल, ई 21,741 के स्तर पs बंद भइल रहे। सेंसेक्स के 30 शेयरन में से 19 में गिरावट आ 13 में तेजी देखे के मिलल रहे।

Tags :
Bhojpuri NewsNiftySensexSHARE BazarShare MarketStar LinkVodafone-Idea
Advertisement
Next Article