टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Sensex Opening Bell: उतार-चढ़ाव के बीच पहिला बेर 79000 के पार सेंसेक्स, निफ्टी 24000 पार करे के दहलीज पs 

11:58 AM Jun 27, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

घरेलू शेयर बाजार में हफ्ता के चउथा कारोबारी दिन उतार-चढ़ाव के संगे कारोबार होत लउक रहल बा। एह दौरान सुरुआती कमजोरी से निपटला के बाद बाजार नया ऑल टाइम हाई पs पहुंच गइल। हालांकि ऊपरी स्तरन में बाजार में फेर बिकवाली आ गइल।

Advertisement

बियफे के पहिला बेर सेंसेक्स 79000 के पार पहुंचे में सफल रहल। ओहिजा, निफ्पटियो पहिला बेर 24000 के करीब पहुंच गइल। कारोबारी सत्र के दौरान सेंसेक्स अपना नया उच्चतम स्तर 79033.91 पs पहुंच गइल। एह दौरान निफ्टियो अपन सर्वोच्च स्तर 23,974.70 तक जाये में सफल रहल।

एकरा पहिले हफ्ता के चउथा कारोबारी दिन घरेलू शेयर बाजार में गिरावट लउकल। बियफे के सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 150 अंकों से जादे टूट गइल। दूसरका ओर, निफ्टियो कमजोर होके 23850 से फिसल गइल। एह दौरान टेक सेक्टर के शेयरन पs दबाव लउकल। ओहिजा, इंडिया सीमेंट के शेयर 11% तक चढ़ गइल।

सबेरे 9 बजकर 40 मिनट पs सेंसेक्स 69.58 (0.08%) अंकन के गिरावट के संगे 78,653.62 पs पहुंच गइल। दूसरका ओर, निफ्टी 48.40 (0.20%) अंक फिसल कs के 23,846.75 पs पहुंच गइल।

Tags :
Bhojpuri NewsNiftySensexsensex opening bellSHARE BazarShare Market
Advertisement
Next Article