For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Sensex Opening Bell: शेयर बाजार फेर फिसलल; सेंसेक्स 400 अंक आउर गिरल, निफ्टी 25100 से नीचे आइल 

10:20 AM Oct 04, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
sensex opening bell  शेयर बाजार फेर फिसलल  सेंसेक्स 400 अंक आउर गिरल  निफ्टी 25100 से नीचे आइल 
Advertisement

सुक के ब्लू-चिप इंडेक्स सेंसेक्स आ निफ्टी 50 लगातार पांचवां सत्र में कमजोर वैश्विक संकेतन के चलते गिरावट के संगे खुलल। एह दौरान रिलायंस इंडस्ट्रीज, बैंकिंग आ वित्तीय शेयरन में सबसे जादे गिरावट दिखल। सबेरे 9:32 बजे तक बीएसई सेंसेक्स 410 अंक भा 0.5% के गिरावट के संगे 82,086 पs, जबकि निफ्टी 50140 अंक भा 0.56% के गिरावट के संगे 25,094 पs कारोबार करत दिखल।

Advertisement

सेंसेक्स के शेयरन में रिलायंस इंडस्ट्रीज, आईसीआईसीआई बैंक, बजाज फाइनेंस, एचडीएफसी बैंक, एलएंडटी आ एशियन पेंट्स इंडेक्स के नीचे ले आवे में सबसे जादे जिम्मेदार रहल। दूसरका ओर, टीसीएस, एचसीएल टेक, इंडसइंड बैंक, टाटा मोटर्स आ टेक महिंद्रा बढ़त के संगे सुरुआत कइलस।

पश्चिम एशिया में तनाव बढ़ला के आशंका से वैश्विक स्तर पs निवेशक सावधानी बरतत दिखल लो। घरेलू इक्विटी शेयरन में बिदेसी निवेशकन के बिकवाली लगातार जारी बा। एह हफ्ता के सुरुआत में ईरान इस्राइल पs बैलेस्टिक मिसाइल से हमला कइले रहे जवना से दुनो देसन के बीच तनाव नया स्तर पs जाये के आशंका बढ़ गइल बा। एकरा के देखते वैश्विक स्तर पs कच्चा तेल के कीमतन में बढ़न्ती  के खतरा पैदा हो गइल बा। मानल जा रहल बा कि एह आशंका के इस्थिति में निवेशक नया खरीदारी से बच रहल बा लो आ जे लोग निवेश कs रखल बा ऊ बिकवाली कs रहल बा।

Tags :
Advertisement