टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मैहर में बड़ हादसा, डंपर आ बस के टक्कर में 6 लोगन के मउत, 20 घायल

08:56 AM Sep 29, 2024 IST | Minee Upadhyay
डंपर आ बस के टक्कर में 6 लोगन के मउत: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

जिला में एगो दुखद सड़क दुर्घटना में 6 लो के मउत हो गईल। बतावल जाता कि यात्री सवार एगो बस डंपर से टकरा गईल। एs दुर्घटना के बाद बस में सवार 6 लो के मउत हो गईल। फिलहाल 17-20 लो घायल बतावल जाता। दुर्घटना के बाद घायल लो के तुरंत नजदीक के अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जहां उनुकर इलाज हो रहल बा। बतावल जाता कि प्रयागराज से यात्री के संगे बस नागपुर जात रहे, एs दौरान बस सड़क के किनारे खड़ा डंपर से टकरा गईल, जवना के चलते इs दुर्घटना भईल।

घटना के जानकारी देत ​​मैहार के एसपी सुधीर अग्रवाल बतवले कि इहाँ एगो दुर्घटना के जानकारी मिलल बा, जवना में 17-20 लोग घायल बाड़े। उs बतवले कि एs दुर्घटना में 6 लोग के मउत हो चुकल बा। घटना के बारे में आगे बतावत उs कहले कि इs बस प्रयागराज से नागपुर जात रहे। बस तेज रफ्तार से जात रहे कि साइड में डंपर खड़ा रहे, जवना में पत्थर से भरल रहे। बस ओह डंपर से टकरा गइल. टक्कर के चलते बस के आगे के हिस्सा के नुकसान पहुंचल बा, जवना के चलते इs दुर्घटना भईल।

 

 

 

 

Tags :
6 people died in a collision between a dumper and a bus.accidentBig accident in MaiharMadhya Pradeshroad accident
Advertisement
Next Article