For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

आज से पूर्वोत्तर रेलवे के कइयन गो ट्रेन रद्द : इंजीनियरिंग कार्य के लेके कइल गइल बा कैंसिल, देखीं रद्द ट्रेनन के लिस्ट

09:36 AM Mar 01, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
आज से पूर्वोत्तर रेलवे के कइयन गो ट्रेन रद्द   इंजीनियरिंग कार्य के लेके कइल गइल बा कैंसिल  देखीं रद्द ट्रेनन के लिस्ट
Advertisement

रेलवे विभाग कावर से अपना मूलभूत संरचना में लगातार बदलाव कइल जा रहल बा। जवना से रेलवे के यात्रा के सरल आ सुविधा जनक बनावल जा सके। रेलवे प्रशासन वाराणसी मंडल के इंदारा-फेफना खण्ड पs इंदारा-रतनपुर-रसड़ा के बीच दोहरीकरण के लेके प्री-नॉन इंटरलॉक, नॉन इंटरलॉक कार्य कइल गइला के कारण कइयन ट्रेनन के रद्द कइल गइल बा।

Advertisement

ट्रेनन के रद्द होखे से छपरा रूट से रनिंग थ्रू यात्रियन के परेसानी के सामना करे के पड़ सकत बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। निश्चित अवधि के बाद सब ट्रेनें अपना समय आ मार्ग से संचालित होखे लगिहें सs।

रद्द ट्रेनन के सूची

  • बलिया से 01 से 05 मार्च, 2024 तक चले वाली 05171 बलिया-शाहगंज अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • शाहगंज से 02 से 06 मार्च, 2024 तक चले वाली 05172 शाहगंज-बलिया अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • बलिया से 03 से 05 मार्च, 2024 तक चले वाली 05167 बलिया-शाहगंज अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • शाहगंज से 03 से 05 मार्च, 2024 तक चले वाली 05168 शाहगंज-बलिया अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • दोहरीघाट से 03 से 05 मार्च, 2024 तक चले वाली 05477 दोहरीघाट-मऊ अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
  • मऊ से 03 से 05 मार्च, 2024 तक चले वाली 05478 मऊ-दोहरीघाट अनारक्षित विशेष गाड़ी रद्द रही।
Tags :
Advertisement