For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

शाहरुख खान के तबीयत भइल खराब, अहमदाबाद के KD हॉस्पिटल में भइले एडमिट

07:27 PM May 22, 2024 IST | Minee Upadhyay
शाहरुख खान के तबीयत भइल खराब  अहमदाबाद के kd हॉस्पिटल में भइले एडमिट
Advertisement

Advertisement

बॉलीवुड के किंग खान यानी शाहरुख खान के प्रशंसकन खातिर एगो चिंताजनक खबर सामने आइल बा. बतावल जाता कि शाहरुख खान के अस्वस्थता के चलते उनुका के अस्पताल में भर्ती करावे के पड़ल। बतावल जात बा कि अभिनेता काल्हु आईपीएल के पहिला प्लेऑफ देखे अहमदाबाद आइल रहले जवना के दौरान गरमी के चलते उनके पानी के कमी हो गइल जवना के चलते उनुका के हड़बड़ी में अस्पताल में भर्ती करावल गइल. इs खबर अईला के बाद शाहरुख खान के प्रशंसक बहुत दुखी देखाई देतारे अवुरी उs लोग अभिनेता के ठीक होखे के दुआ करतारे।

किंग खान के टीम फाइनल में चहुँपल

बता दीं कि काल्हु शाहरुख खान के टीम कोलकाता नाइट राइडर्स आईपीएल 2024 के फाइनल में चहुँप गइल बिया. क्वालीफायर के पहिला मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स सनराइजर्स हैदराबाद के 8 विकेट से हरा दिहलस जवना के बाद शाहरुख खान के खुशी के ठिकाना ना रहे. मैच जीते के जश्न में ऊ मैदान में घुस के आपन सिग्नेचर पोज दिहलन जवना के तस्वीर आ वीडियो वायरल हो गइल. एह दौरान उनुकर बेटी सुहाना अवुरी बेटा अबराम भी उनुका संगे मौजूद रहले। आज उनकर लाडली के भी जन्मदिन हs। अयीसना में अस्वस्थता के चलते उs अपना बेटी के जन्मदिन ना मना पईहे।

Tags :
Advertisement