टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

शाहबाज शरीफ बनलें पाकिस्तान के 24वां प्रधानमंत्री : 201 सांसदन के साथ मिलल; इमरान समर्थक उम्मीदवार के मिलल 92 वोट

02:49 PM Mar 03, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

पाकिस्तान में शाहबाज शरीफ देस के 24वां प्रधानमंत्री बन गइल बाड़ें। उनका नेशनल असेंबली में 201 सांसदन के साथ मिलल। पाकिस्तानी मीडिया 'द डॉन' के मोताबिक, PTI समर्थक उम्मीदवार उमर अयूब खातिर 92 सांसद वोट कइल लो। नेशनल असेंबली के स्पीकर अयाज सादिक नतीजन के घोषणा कइलें।

Advertisement

ई दूसरका बेर बा, जब शाहबाज शरीफ पाकिस्तान के PM चुनल गइल बाड़ें। एकरा पहिले साल 2022 में इमरान खान के सरकार गिरला के बाद शाहबाज शरीफ देस के प्रधानमंत्री बनल रहस। एकरा पहिले संसद के सत्र सुरू होखतही PTI समर्थक सांसद इमरान खान के पक्ष में 'आजादी' आ 'कैदी नंबर 804' के नारा लगावत नजर आइल लो। एकरा जवाब में PML-N के सांसद लोग 'लॉन्ग लिव नवाज' के नारा लगावल।

सरकार बनावे खातिर PML-N आ PPP गठबंधन कइल

आठ फरवरी के चुनाव के बाद नवाज शरीफ के PML-N आ बिलावल भुट्‌टो के PPP पार्टी बहुमत हासिल करे खातिर गठबंधन कइल। ई गठबंधन नवाज के छोट भाई आ पूर्व प्रधानमंत्री शाहबाज शरीफ के PM पद के उम्मीदवार घोषित कइले रहे।

ओहिजा, इमरान खान के समर्थन वाला सांसद अब सुन्नी इत्तेहाद काउंसिल (SIC) पार्टी के हिस्सा बा लो। ऊ इमरान खान के अप्रूवल के बाद उमर अयूब के PM पद के उम्मीदवार बनवले रहे। ई PTI के जनरल सेक्रेटरी आ पूर्व राष्ट्रपति अयूब खान के पोता हवे। अयूब खान उहे राष्ट्रपति हवे, जिनका कार्यकाल के दौरान भारत-पाकिस्तान के बीच 1965 के जंग भइल रहे।

इमरान समर्थक बोलल लो- शाहबाज चुनाव में धांधली कs के जीतलें 

उमर अयूब शाहबाज के उम्मीदवारी के लेके संसद के नया स्पीकर अयाज सादिक के सामने सवाल उठवलें। ऊ आरोप लगवलें कि शाहबाज चुनाव में धांधली के वजह से जीतल बाड़ें। अइसन में ऊ प्रधानमंत्री नइखन बन सकत।

Tags :
24th Pak PMBhojpuri NewsPAK New PMPakistan NewsShabaz SharifWord Politics
Advertisement
Next Article