For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

संदिग्ध हालात में विवाहिता के मौत, अस्पताल में शव छोड़ के चल गइले ससुरा के लोग

01:23 PM Oct 02, 2024 IST | Sonu Kishor
संदिग्ध हालात में विवाहिता के मौत  अस्पताल में शव छोड़ के चल गइले ससुरा के लोग
विवाहिता के फाइल फोटो
Advertisement

शाहजहांपुर में मंगर के दिने एगो शादीशुदा महिला के संदिग्ध हालात में मौत हो गइल। जानकारी मिलते उनकर माता-पिता सरकारी मेडिकल कॉलेज पहुंचले, जहां बियाहल महिला के लाश मिलल। ओकर ससुराल के लोग फरार बाड़े। माता-पिता ओकरा पs हत्या के आरोप लगवले बाड़े।

Advertisement

शाहजहांपुर के सिंधौली थाना क्षेत्र के नथुआपुर गांव निवासी मुनेन्द्र कुमार के 21 साल के पत्नी राजमालती के संदिग्ध परिस्थिति में मौत हो गइल। आरोप बा कि दहेज खाती हत्या आ लाश के जरावे के कोशिश कइल गइल। राजमालती के माता-पिता सरकारी मेडिकल कॉलेज पहुंचला पs मृत मिलल। उनका ससुराल के लोग ना रहे।

गांव आयुं निवासी सावित्री देवी 6 महीना पहिले अपना बेटी राजमालती के बियाह मुनेन्द्र से कइले रहली। उनकर आरोप बा कि बेटी के ससुराल के लोग दहेज के रूप में एक लाख रुपया अउरी सोना के अंगूठी मांगत रहले। एकरा संबंध में कई बेर पंचायत के आयोजनो भइल। मंगर के दिने राज मालती के संदिग्ध हालात में मौत हो गइल। जब उनकर माता-पिता सरकारी मेडिकल कॉलेज पहुंचले तऽ बेटी मरल मिलल।

आरोप बा कि उनका के जरा के हत्या कऽ दिहल गइल। गांव के आदमी के जानकारी पs परिवार के लोग पहुंचले। मरेवाली के माई हत्या के आरोप लगावत थाना में शिकायत दर्ज करवले बाड़ी। पुलिस लाश के अपना हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातिर भेज देले बिया। थाना प्रभारी सीपी शुक्ला बतवले कि शिकायत के आधार पसे मामला दर्ज कऽ के कार्रवाई कइल जाई।

Tags :
Advertisement