टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर के शहर-ए-काजी मौलाना मुफ्ती मुहम्मद वलीउल्लाह के  निधन: सांस लेवे में परेसानी के लेके निजी अस्पताल में भर्ती रहलें

12:27 PM Jun 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर के शहर ए काजी मौलाना मुफ्ती मुहम्मद वलीउल्लाह 96 साल के उमिर में एह दुनिया के अलविदा कह देले बाड़ें।

Advertisement

गोरखपुर के तुर्कमानपुर निवासी मौलाना मुफ्ती मुहम्मद वलीउल्लाह उर्दू, अरबी, फरसी के अच्छा जानकार रहल बाड़ें। मौलाना मुफ्ती मुहम्मद वलीउल्लाह खूनीपुर इस्थित मदरसा अंजुमन इस्लामिया में उर्दू के तालीम देत रहल बाड़ें।

आज कइल जाई सुपुर्दे खाक

आज माने 28 जून के नमाज जुमा उर्दू बाजार के जामा मस्जिद में जनाजा के नमाज अदा कइल जाई। ओकरा बाद हजरत मुबारक खां शहीद कब्रिस्तान में उनका के सुपुर्दे खाक कइल जाई।

ऑक्सीजन लेवल गिरल

मौलाना वालीउल्लाह के कुछ दिनन पहिले तबीतय खराब हो गइल रहे। एकरा बाद उनका घर के लोग उनका के एगो प्राइवेट अस्पताल में एडमिट कइले रहस। डॉक्टर्स के मोताबिक, उनका सांस लेवे में परेसानी होत रहे। उनका ऑक्सीजन लेवल में गिरावट दर्ज कइल गइल रहे। उनका तबीयत के देखत आईसीयू में रखल गइल रहे।

Tags :
Bhojpuri Newsgorakhpur newsMaulana Mufti Muhammad WaliullahQazi Passes AwayShahar E Qazi
Advertisement
Next Article