टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

ग्लैमरस लुक से लेके डांस करे ले, आपन बेस्ट फ्रेंड वेदिका के शादी में शनाया कपूर खूब बटोरली सुर्खी

09:04 AM Dec 19, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

शनाया कपूर फिल्म इंडस्ट्री के सबसे मशहूर स्टार किड्स में से एक हई। बॉलीवुड में डेब्यू करे से पहिले भी संजय कपूर अवुरी महीप कपूर के बेटी इंटरनेट पs छाईल बाड़ी। ऊ समय-समय पs आपन शानदार लुक के तस्वीर शेयर करत रहेली आ अपना प्रशंसकन के मंत्रमुग्ध करत रहेली। एही बीच एक बेर फेरु सोशल मीडिया पs शनाया के कुछ तस्वीर अवुरी वीडियो सामने आईल बा, जवना में उनुकर लुक अवुरी स्टाइल देख के प्रशंसक आपन दिल खोवत बाड़े।

Advertisement

शनाया अपनी सखी के बियाह में धमाल मचईली

दरअसल, हाल ही में शनाया कपूर आपन सबसे बढ़िया दोस्त वेदिका करनानी के शादी में शामिल भईल रहली। जहां से उनुकर बहुत तस्वीर अवुरी वीडियो वायरल भइल।काल्ह शनाया अपना बेस्टी वेदिका के संगीत के बहुत तस्वीर आपन सोशल मीडिया पs शेयर कईले रहली। तस्वीर में दुनो लोग कैमरा के सोझा खुशी से पोज देत देखाई देतारे। एकरा अलावे वेदिका के संगीत रात के एगो वीडियो के भी बहुत चर्चा भईल, जवना में शनाया के 'कभी खुशी कभी गम' के 'बोले चुड़ियाँ' अवुरी 'वीरे दी शादी' के 'तारीफां' गीत पs नाचत देखल गईल। एह दौरान शनाया आपन डांस मूव से मंच पs आग लगा दिहली।

अब शनाया के बेस्ट फ्रेंड वेदिका करनानी के शादी से कुछ अउरी तस्वीर सामने आइल बा जवना में ऊ आपन लुक के चलते पs छाइल बाड़ी। एह दौरान शनाया गोल्डन रंग के भारी लहंगा पहिनले रहली, जवना में उ बहुत सुंदर लागत रहली। एह मौका पs शनाया अपना दोस्त के संगे बहुत पोज देली। शनाया के अलावे संजय कपूर, महीप कपूर, अनिल कपूर, चंकी पांडेय अवुरी बहुत सितारा भी ए बियाह में शामिल भईले। महीप के लुक के बात करत उ लाइम ग्रीन रंग के लहंगा पहिनले रहली, जवना में उनुका बेटी के संगे सुंदरता के मामिला में टक्कर देत देखल गईल।

 

 

 

Tags :
Anil KapoorBollywood newsBollywood news in bhojpuriEntertainmententertainment news in BhojpuriShanaya Kapoor
Advertisement
Next Article