टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Shardiya Navratri 2024 : नवरात्रि कलश स्थापना खातिर कुछ घंटा के मुहूर्त, जानीं सुभ मुहूर्त के समय आ मंत्र

12:05 PM Oct 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

नवरात्रि के सुरुआत अश्विन माह के शुक्ल पक्ष के प्रतिपदा तिथि से माने 3 अक्टूबर से हो रहल बा। अश्विन माह में आवे वाला नवरात्रि के शारदीय नवरात्रि कहल जाला। नवरात्रि के पहिलका दिन घटस्थापना के संगे होला। मान्यता बा कि जवन व्यक्ति एह 9 दिनन में मां दुर्गा के सच्चा दिल से प्रार्थना करेला ओकर सब मनोकामनाएं पूरा होला। एही बीच नवरात्रि के पहिला दिन घटस्थापना सुभ मुहूर्त में कइल बहुत जरुरी बा। आईं जानल जाव नवरात्रि के पहिला दिन घटस्थापना के शुभ मुहूर्त।

Advertisement

मान्यतन आ धर्मग्रंथन के अनुसार, घटस्थापना आ देवी पूजा प्रात: काल में करे के विधान हs। बाकिर, एकरा के चित्रा नक्षत्र आ वैधृति योग में कइल वर्जित मानल गइल बा। 3 अक्टूबर बियफे के दिन चित्रा नक्षत्र आ वैधृति योग दुनो नइखे। एहिसे प्रात: काल घटस्थापना कइल जा सकत बा। आईं जानत जाव रउआ शहर के अनुसार, घटस्थापना के सुभ मुहूर्त का बा।

नवरात्रि 2024 घटस्थापना के शुभ मुहूर्त

1) दिल्ली - सबेरे 6 बजकर 19 मिनट से 8 बजके 39 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 11 बजके 46 मिनट से 12 बजकर 33 मिनट तक।

2) कोलकाता - 5 बजके 32 मिनट से 7 बजके 53 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 11 बजके 1 मिनट से 11 बजके 48 मिनट तक।

3) शिमला - 6 बजके 30 मिनट से 8 बजके 50 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 11 बजके 57 मिनट से 12 बजके 43 मिनट तक।

4) मुंबई - सबेरे 6 बजके 33 मिनट से 8 बजके 55 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 12 बजके 03 मिनट से 12 बजके 51 मिनट तक।

5) चेन्नई - सबेरे 6 बजके 02 मिनट से 8 बजके 24 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 11 बजकर 34 मिनट से 12 बजकर 21 मिनट तक।

6) लखनऊ - सबेरे 6 बजके 04 मिनट से 8 बजके 37 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 12 बजे से 12 बजके 50 मिनट तक।

7) वाराणसी - सबेरे 5 बजकर 55 मिनट से 8 बजके 16 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 11 बजके 23 मिनट से 12 बजके 1 मिनट तक।

8) देहरादून - सबेरे 6 बजके 16 मिनट से 8 बजके 36 मिनट तक। एकरा बाद अभिजित मुहूर्त 11 बजके 43 मिनट से 12 बजके 29 मिनट तक।

9) बैंगलुरु - सबेरे 6 बजके 12 मिनट से 8 बजके 35 मिनट तक। एकरा बाद अभिजीत मुहूर्त 11 बजके 44 मिनट से 12 बजके 32 मिनट तक।

10) भोपाल - सबेरे 6 बजके 6 मिनट से 8 बजके 37 मिनट तक। एकरा बाद अभिजीत मुहूर्त 11 बजके 45 मिनट से 12 बजके 32 मिनट तक।

11) हैदराबाद - सबेरे 6 बजके 10 मिनट से 8 बजके 32 मिनट तक। एकरा बाद अभिजीत मुहूर्त 11 बजके 41 मिनट से 12 बजके 28 मिनट तक।

12) चंड़ीगढ़ - सबेरे 6 बजके 22 मिनट से 8 बजके 2 मिनट तक। एकरा बाद अभिजीत मुहूर्त 11 बजके 48 मिनट से 12 बजके 34 मिनट तक।

कलश स्थापना के मंत्र

ओम आ जिघ्र कलशं मह्या त्वा विशन्त्विन्दव:। पुनरूर्जा नि वर्तस्व सा नः सहस्रं धुक्ष्वोरुधारा पयस्वती पुनर्मा विशतादयिः। एह मंत्र के जप कs के कलश के स्थापना करीं।

कलश स्थापना में रखीं एह बातन के खेयाल

Tags :
Bhojpuri NewsNavratri Kalash SthapanaShardiya Navratra 2024Shardiya Navratra MantraShubh Muhurat
Advertisement
Next Article