For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Share Market: रिलायंस-एचडीएफसी बैंक में बिकवाली; ऊपरी स्तरन से 600 अंक फिसलल सेंसेक्स; निफ्टी 25100 से नीचे

12:00 PM Oct 15, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
share market  रिलायंस एचडीएफसी बैंक में बिकवाली  ऊपरी स्तरन से 600 अंक फिसलल सेंसेक्स  निफ्टी 25100 से नीचे
Advertisement

Share Market :सुरुआती कारोबार में बढ़त हासिल कइला के बाद घरेलू शेयर बाजार में गिरावट दिख रहल बा। दिन के ऊपरी स्तरन से बेंचमार्क सूचकांक गोता लगा देले बाड़ें सs। रिलायंस आ एचडीएफसी बैंक के शेयरन में बिकवाली के कारण ऊपरी स्तरन से सेंसेक्स 600 अंकन तक नीचे फिसल गइल। दूसरका ओर, निफ्टियो कमजोर होके 25100 के नीचे आ गइल।

Advertisement

एकरा पहिले, बाजार में मंगर के बढ़त के सिलसिला जारी रहल। बेंचमार्क सूचकांक सेंसेक्स आ निफ्टी में कारोबार के सुरुआत हरियर निशान पs भइल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 327.39 अंक चढ़के 82,300.44 पs पहुंच गइल; दूसरका ओर, निफ्टी 84.1 अंकन के मजबूती के संगे 25,212.05 पs कारोबार करत दिखल। एकरा पहिले सेंसेक्स में 82,101.86 आ निफ्टी में 25,186.30 के स्तर पs ओपनिंग भइल।

ऑटो-मेटल के छोड़के सब सेक्टर हरियर निशान पs
नेशनल स्टॉक एक्सचेंज पs ऑटो आ मेटल के छोड़के सब सेक्टोरल स्टॉक हरियर निशान पs कारोबार करत दिखल। कारोबार के सुरुआती घंटा में भारत पेट्रोलियम कॉर्पोरेशन, बजाज फिनसर्व, भारती एयरटेल, इंफोसिस आ आईसीआईसीआई बैंक सबसे जादे लाभ में रहे। दूसरका ओर ओएनजीसी, टाटा स्टील, हिंडाल्को, एमएंडएम आ जेएसडब्ल्यू के शेयरन में नुकसान दिखल। एकरा पहिले सोमार के घरेलू बाजार में सकारात्मक रुझान के संगे कारोबार होत दिखल आ सेंसेक्स-निफ्टी दिन के उच्चतम स्तर पs बंद भइल रहे।

The kapil Sharma Show फेम अतुल परचुरे के 57 बरिस के उमिर में निधन

हुंडई के आईपीओ एंकर निवेशकन खातिर खुलल 

मंगर के कार बनावे वाली कंपनी हुंडई मोटर इंडिया के आईपीओ निवेशकन खातिर खुलल। आईपीओ खातिर निर्गम मूल्य 1865 रुपिया 1960 रुपिया तय कइल गइल बा। एकरा अलावे, निवेशक रिलायंस इंडस्ट्रीज जइसन प्रमुख कंपनियन के तिमाही परिणामन पs प्रतिक्रिया दी लो। कंपनी के सुद्ध लाभ पहिला तिमाही के तुलना में दूसरका तिमाही में 9.4 प्रतिशत बढ़ल बा।

झारखंड में ED के कार्रवाई, मंत्री मिथिलेश ठाकुर कहलें- ई राजनीतिक छापेमारी हs 

वैश्विक बाजार में दिखल मिलल-जुलल रुख

एह बीच, मंगर के एशियाई बाजार में मिलल-जुलल ढंग से कारोबार होता लउकल। शंघाई कंपोजिट खबर लिखल जाये तक 27 अंक से जादे नीचे रहे। हालांकि, जापान के निक्केई 225 में 1.5 प्रतिशत से जादे के बढ़त दर्ज कइल गइल। दूसरका ओर, अमेरिकी बाजार आईटी शेयरन में मजबूती के बदौलत एक प्रतिशत के बढ़त के संगे रिकॉर्ड ऊंचाई पs बंद भइल। एनवीडिया के शेयरन में 2 प्रतिशत से जादे के तेजी आइल, जवना के फायदा अमेरिकी बाजारन के मिलल। एप्पल, माइक्रोसॉफ्ट आ अमेजन जइसन आउर प्रमुख आईटी कंपनियन में करीब दु प्रतिशत के तेजी आइल।

Tags :
Advertisement