टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

फैसला गलत रहे, पछतावा बा... ', शत्रुघ्न सिन्हा अपना गोडs पs अपने मरले कुल्हाड़ी, बतsवले काहे ना बन पवेल महानायक?

12:23 PM Feb 24, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

शत्रुघ्न सिन्हा अपना जमाना में स्टारडम के मामिला में अमिताभ बच्चन आ धर्मेंद्र जइसन सितारन के कांटा के टक्कर रहत रहे। उ 'शोले' आ 'दीवार' जइसनऽ फिल्म ऑफर भइल रहे, बाकी बिजी शेड्यूल के वजह से उऽ दुनो फिल्म के हिस्सा ना बन सकले, जेकर पछतावा उन्का आजो बा । शत्रुघ्न सिन्हा इ हो खुलासा कइले कि उऽ अमिताभ बच्चन के उऽ दुनो फिल्म के आज ले नइखन देखले ।

Advertisement

अमिताभ बच्चन आ धर्मेंद्र के फिल्म ‘शोले’ हिंदी सिनेमा के इतिहास में कल्ट क्लासिक मानलऽ जाला। एकर कहानी, हर किरदार आ एक-एक डायलॉग आजो लोगनऽ के हीयाऽ में बसलऽ बा ।‘शोले’ के देखके आजो लागेला कि एहमें जय आ वीरू के किरदार के धर्मेंद्र-अमिताभ बच्चन से बेहतर कोई दोसर ना निभा सकतऽ रहले , बाकी बहुते कम लोग के पता होइ कि रमेश सिप्पी, शत्रुघ्न सिन्हा के लेके ‘शोले’ बनावल चाहतऽ रहले ।

शत्रुघ्न सिन्हा कुछ समय पहिले खुलासा कइले कि रमेश सिप्पी ‘शोले’ खातिर उनकर बहुत इंतजार कइले, बाकी उनकर बिजी शेड्यूल के वजह से उऽ एह फिल्म में काम ना कर सकले। एकरे अलावा शत्रुघ्न सिन्हा अमिताभ बच्चन के ‘दीवार’ आ मनोज कुमार के ‘शोर’ जइसन फिल्मन में बड़का रोल ठुकरावे के खुलासा कइले, जेकर आजो उनका बहुते पछतावा बा ।

रमेश सिप्पी ऑफर कइले अमिताभ बच्चन के रोल

एगो इंटरव्यू के दौरान शत्रुघ्न सिन्हा कहले, ‘हमरा शोले में अमिताभ बच्चन के रोल ऑफर भइल रहे । इ बात रमेश सिप्पी अपना किताब में लिखले बाडन । हम फिल्म खातिर आपन डेट्स निकाले के बहुते कोशिश कइनी, बाकी हम ओह बखत दोसर फिल्म करतऽ रहले । हम बहुत बिजी रहनी आ रमेश जी हमरा के निश्चित डेट्स ना बता पावत रहले कि उनकरा कब तक हमार जरूरत पड़ी । उऽ चाहतऽ रहले कि हम शोले खातिर आपन सब डेट्स बता दी, जवन ना हो सकातऽ रहे । हमरा लागेला कि हमरा के उऽ फिल्म करऽ लेवे के चाहत रहे , बाकी हम ना कर पवनी । हमरा अमिताभ बच्चन खातिर बहुते खुशी बा, जिनकरा के शोले से एतना बड़हन ब्रेक मिललऽ आ उऽ नेशनल आइकॉन बन गइले।’

मनोज कुमार देले रहले बड़हन रोल 

उऽ आगे बतवले, ‘मनोज कुमार हमरा शोर में कास्ट करे के चाहत रहन । उऽ कय हाली हमरा घरे अइले । उऽ 4 महीना में फिल्म बनावल चाहत रहन आ हम उनका के 8 महीना के समय देतऽ रहनी, बाकी फिल्म 16 महीना में बनलऽ। उऽ ओह फिल्म कर सकत रहन । हम शोर फिलिम आज ले ना देखनीं । जवन फिल्म हमरा पसंद रहे आ हम ना करऽ सकनी। उऽ फिल्म हम कबो ना देखनी ।’

Tags :
#entertainmentnews #bollywoodnews#entertainmentnews #bollywoodnews #AjayDevgnamitabh bachchanBhojpuriBhojpuri khabarKhabar Bhojpur NewsKhabar bhojpurishatrughan sinhasholey
Advertisement
Next Article