For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Shikhar Dhawan: शिखर धवन अचानक लेले क्रिकेट से संन्यास, अब टीम इंडिया खातिर कबो ना चली गब्बर का बल्ला

12:20 PM Aug 24, 2024 IST | Sonu Kishor
shikhar dhawan  शिखर धवन अचानक लेले क्रिकेट से संन्यास  अब टीम इंडिया खातिर कबो ना चली गब्बर का बल्ला
Advertisement

Shikhar Dhawan: गब्बर के नाम से जानल जाए वाला शिखर धवन 34 गो टेस्ट, 167 गो वनडे आ 68 गो टी-20 मैच खेलला का बाद अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास लेबे के एलान कइलन। शिखर धवन अब कबो भारतीय नीला जर्सी में ना लउकीहें।

Advertisement

शिखर धवन अंतरराष्ट्रीय आ डोमेस्टिक क्रिकेट से संन्यास लेबे के फैसला कइले बाड़न। उऽ 24 अगस्त के सबेरे सोशल मीडिया पs एगो भावुक वीडियो पोस्ट कऽ के रिटायरमेंट के घोषणा कइले। ‘गब्बर’ के नाम से जानल जाए वाला ई बायां हाथ के बल्लेबाज बहुते दिन ले टीम से बाहर रहल। शुबमन गिल जइसन युवा ओपनर के अइला के बाद टीम में उनकर वापसी मुश्किल लउकत रहे। फिलहाल कवनो अपडेट नइखे मिलल कि उऽ आईपीएल खेलीहे कि ना। लगभग 39 साल के शिखर धवन 2010 में पहिला बेर भारत खातिर वनडे क्रिकेट खेलले रहले, ओकरा बाद उनका टी-20 अवुरी ओकरा बाद टेस्ट फॉर्मेट में डेब्यू करे के मौका मिलल।

गब्बर के बल्ला अब ना गरजी

वर्तमान कप्तान रोहित शर्मा आ शिखर धवन मिल के भारतीय टीम खाती कई साल तक ओपनिंग कइले। दुनु टीम के तूफानी शुरुआत देबे खातिर मशहूर रहले। शिखर धवन आस्ट्रेलिया दौरा पर आपन डेब्यू करत घरी एगो नवोदित खिलाड़ी का तरफ से सबसे तेज टेस्ट शतक बना के चयनकर्ता लोग के हैरान कर दिहलन। दिल्ली के रहे वाला धवन एगो आक्रामक बल्लेबाज रहलें, जे गेंदबाजन के परीक्षण करे खातिर मशहूर रहलें। अपना घुमावदार मूंछ से नया स्टाइल स्टेटमेंट देबे वाला धवन के कैच लिहला का बाद जांघ पर मारे के सिग्नेचर स्टाइल खातिर हमेशा याद कइल जाई।

सहवाग-गंभीर के खराब फॉर्म का लाभ

उऽ 2003-04 के अंडर-19 विश्व कप में तीन शतक के साथ 84.16 के औसत से 505 रन बनवला के बाद टूर्नामेंट के खिलाड़ी रहलें। एकरा बाद रंजी ट्रॉफी में धवन के प्रदर्शन कवनो खास ना रहल। आईपीएल में निराशाजनक प्रदर्शन आ पाँच गो एकदिना आ टेस्ट ओपनर के बढ़िया प्रदर्शन का बाद लागत रहे कि धवन डोमेस्टिक क्रिकेट आ टी-20 लीग में गिर जइहें बाकिर किस्मत बदल गइल आ सहवाग आ गंभीर दुनु के फॉर्म अचानक गिर गइल, ओकरा बाद जवना के 27 साल के धवन के मौका मिलल आ उऽ पीछे मुड़ के ना देखले।

आईपीएल के कैरियरो तूफानी रहल

शिखर धवन आईपीएल में बैक टू बैक शतक बनावे वाला पहिला खिलाड़ी हउवें। आईपीएल में सबसे जादा चौका मारे के रिकार्ड धवन के लगे बा। कुल रन के मामला में उऽ सिर्फ विराट कोहली से पीछे बाड़े। धवन 2016 में सनराइजर्स हैदराबाद (एसआरएच) के साथ आईपीएल जीतले रहले।

सनराइजर्स हैदराबाद के अलावे शिखर धवन दिल्ली डेयरडेविल्स (डीडी) अवुरी दिल्ली कैपिटल्स (डीसी), दक्कन चार्जर्स, मुंबई इंडियंस (एमआई) अवुरी पंजाब किंग्स (पीबीकेएस) के संगे खेलले बाड़े। धवन पंजाब किंग्स आ एसआरएच दुनु टीम के कप्तानो बन चुकल बाड़े।

Tags :
Advertisement