टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सोमालिया के लगे हाईजैक भइल जहाज: 15 भारतीय क्रू मेंबर्स सवार; शिप पs हथियार लेके उतरल 5-6 लोग, नौसेना INS चेन्नई के रवाना कइलस 

01:11 PM Jan 05, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

अरब सागर में सोमालिया के तट के लगे एगो आउर जहाज हाईजैक कs लिहल गइल। एह पs  15 भारतीय क्रू मेंबर्स सवार बा लो। ममिला चार जनवरी के हs, बाकिर एकर जानकारी आज सामने आइल। लाइबेरिया के फ्लैग वाले एह जहाज के नाम लीला नोर्फोर्क हs।

Advertisement

भारतीय नौसेना बतवलस कि जहाज ब्रिटेन के मैरीटाइम ट्रेड ऑपरेशन्स (UKMTO) पोर्टल पs एगो संदेश भेजल गइल। एमे कहल गइल बा कि 4 जनवरी के सांझ के करीब 5-6 लोग हथियारन के संगे जहाज पs उतरल।

नेवी कहलस- हमनी के एह ममिला पs नजर बनवले बा।  मर्चेंट वेसल के सुरक्षा खातिर नेवी INS चेन्नई के जहाज के तरफ रवाना कइले बा। मरीन ट्रैफिक के मोताबिक, जहाज ब्राजील के पोर्टो डू एकू से बहरीन के खलीफा बिन सलमान पोर्ट जात रहे। ई 11 जनवरी के लोकेशन पs पहुंचे वाला बा।

INS चेन्नई के लगातार ट्रैक कs रहल बा नेवल एयरक्राफ्ट

इंडियन नेवी कहलस- हाईजैक के सूचना मिलतही एगो मैरिटाइम पैट्रोलिंग एयरक्राफ्ट P8I के जहाज के तरफ रवाना कइल गइल। एयरक्राफ्ट तड़के सबेरे शिप के लोकेशन पs पहुंचके क्रू से संपर्क कइल गइल बा। सभे सुरक्षित बा। नेवल एयरक्राफ्ट लगातार INS चेन्नई के लोकेशन ट्रैक कs रहल बा।

वेसल फाइंडर के मोताबिक, जहाज से आखिरी बार 30 दिसंबर के संपर्क कइल गइल रहे। जहाज के के हाईजैक करे के कोसिस कइल गइल रहे, एकर जानकारी फिलहाल सामने नइखे आइल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsCrew MembersIndian NavyINS ChennaiShip HijackedSomaliya
Advertisement
Next Article