For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Air India: बम धमकी के बाद सिंगापुर तैनात कइलस लड़ाकू विमान, मदुरै से आ रहल फ्लाइट के सुरक्षित लैंडिंग करवलस

09:35 AM Oct 16, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
air india  बम धमकी के बाद सिंगापुर तैनात कइलस लड़ाकू विमान  मदुरै से आ रहल फ्लाइट के सुरक्षित लैंडिंग करवलस
प्रतीकात्मक फोटो - फोटो : एएनआई
Advertisement

सिंगापुर सशस्त्र बल मंगर के मदुरै से सिंगापुर आवे वाला एयर इंडिया एक्सप्रेस विमान IX 684 के बम के धमकी के बाद आबादी वाला क्षेत्रन से दूर ले जावे खातिर दुगो लड़ाकू विमान तैनात कइलस। जवना के बाद, विमान के सिंगापुर के चांगी हवाईअड्डा पs सुरक्षित लैंडिंग करावल गइल।

Advertisement

सिंगापुर के रक्षा मंत्री एनजी इंग हेन कहलें कि एयर इंडिया एक्सप्रेस के ईमेल के माध्यम से बम के धमकी मिलल रहे, जेमे कहल गइल रहे कि विमान AXB684 में बम बा। ऊ एक्स पs पोस्ट कs के कहलें, 'हमनी के दुगो RSAF F-15SG विमान विमान के आबादी वाला क्षेत्रन से दूर ले जाये खातिर एस्कॉर्ट कइलस आ आखिरकार ई विमान रात 10:04 बजे सिंगापुर के चांगी हवाईअड्डा पs सुरक्षित रूप से लैंड भइल।'

एह दौरान ग्राउंड बेस्ड एयर डिफेंस (जीबीएडी) सिस्टम आ एक्सप्लोसिव ऑर्डनेंस डिस्पोजल (ईओडी) टीमन के सक्रिय कइल गइल। विमान के जमीन पs उतरला के बाद, एकरा के हवाईअड्डा के पुलिस के हवाले कs दिहल गइल आ जांच जारी बा।

रक्षा मंत्री सिंगापुर सशस्त्र बलन आ होम टीम के समर्पण आउर पेशेवरता के सराहना कइलें, जे खतरन के बावजूद हमनी के अपना घरन में सुरक्षित रखलस। ऊ कहलें, 'हमनी के एसएएफ आ होम टीम के समर्पण आ बेवसायिकता के बहुत-बहुत धन्यवाद, जवन हमनी के घरन में सुरक्षित रखेला, तबो जब हमनी के आसपास खतरा मवजूद होला।'

विमान में सवार यात्रियन के संख्या के तत्काल पता नइखे चल सकल। घटना पs एयर इंडिया एक्सप्रेस के ओर से तत्काल कवनो बयान नइखे आइल।

Tags :
Advertisement