टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

One Nation One Election: 2034 तक देस में ना हो सकी एक संगे चुनाव, जानीं विधेयक के प्रस्तावन में का-का बा

10:52 AM Dec 15, 2024 IST | Anurag Ranjan
देस के चुनावी बेवस्था - फोटो : Freepik
Advertisement

One Nation One Election: केंद्रीय मंत्रिमंडल बियफे के 'एक देस, एक चुनाव' विधेयक के मंजूरी दे देलस, जवना के बाद सुक के एकरा प्रस्तावन से जुड़ल प्रतियन के प्रसारित कइल गइल बा। एह नया प्रस्तावन के मोताबिक, देस में एक संगे चुनाव करावे के कार्यक्रम 2034 तक जमीन स पs लागू ना हो सकी। सूत्र बतावल लो कि एह फैसला के बाद जल्दिये एगो व्यापक विधेयक आवे के उम्मेद बा।

Advertisement

विधेयक में कहल गइल बा कि जदि लोकसभा भा कवनो विधानसभा जदि अपना पूर्ण कार्यकाल से पहिले भंग कर हो जात बा तs मध्यावधि चुनाव खाली ओह सदन के पांच साल के कार्यकाल के पूरा करे खातिर करावल जाई। माने नया सिरा से पांच साल के सत्ता के प्रणाली के अंत हो जाई आ केंद्र-राज्यन में चुनावन के एक संगे नियत पांच साल के अवधि के अनुपालन हर हाल में तय हो जाई।

कइयन कानूनन में कइल जाये के बा संशोधन

इस विधेयक में एगो नया अनुच्छेद 82ए के सामिल करे के प्रस्ताव बा जवना के मोताबिक, लोकसभा आन सब विधानसभा खातिर एक संगे चुनाव आ अनुच्छेद 83 (संसद के सदनन के अवधि), अनुच्छेद 172 (राज्य विधानमंडल के अवधि) आ अनुच्छेद 327 में (विधानमंडलन के चुनाव के संबंध में प्रावधान करे के संसद के शक्ति) में संशोधन कइल जाये के बा।
एह कृष्ण भजन के एक बेर फेर सुनीं: Bhor Bhail Mohan|भोर भइल मोहन| @theshalinidubey |folk | Krishna Bhajan | Yayawari Via Bhojpuri|

विधेयक में यह भी प्रावधान है कि इसके कानून बनने पर आम चुनाव के बाद लोकसभा की पहली बैठक की तारीख पर राष्ट्रपति की तरफ से एक अधिसूचना जारी की जाएगी और अधिसूचना की उस तारीख को नियत तिथि कहा जाएगा।

लोकसभा के कार्यकाल ओह नियत तिथि से पांच बरिस के होई। नियत तिथि के बाद आ लोकसभा के पूर्ण कार्यकाल के खात्मा से पहिले विधानसभा के चुनावन उनका कार्यकाल भी लोकसभा के पूर्ण कार्यकाल के खत्म खातिर होखला पs खत्म हो जाई। प्रस्ताव के मोताबिक, ‘‘एकरा बाद, लोकसभा आ विधानसभा के सब आम चुनाव एक संगे करावल जाई।’’

प्रस्तावित विधेयक के मोताबिक, ई 'नियत तिथि' 2029 के लोकसभा चुनाव में तय होई। एह लिहाज से 2034 में एक देश-एक चुनाव के बेवस्था लागू हो सकी। विधेयक में कहल गइल बा कि लोकसभा भा विधानसभा के पूर्ण कार्यकाल से पहिले भंग होखे के इस्थिति में बचल कार्यकाल के बाकी अवधि खातिर चुनाव होई।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘भारतीय सिनेमा के इतिहास में रिलीज भइल रहे अइसन वन-एक्टर फिलिम जवना के गिनीज वर्ल्ड बुक में भइल रहे नाव दर्ज

Tags :
Bhojpuri Newscentral cabinetOne nation one election
Advertisement
Next Article