For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

तिरुपति लड्डू में 'मिलावटी घी' के लेके SIT जांच पऽ लागल रोक

03:52 PM Oct 01, 2024 IST | Sonu Kishor
तिरुपति लड्डू में  मिलावटी घी  के लेके sit जांच पऽ लागल रोक
तिरुपति लड्डू मामला में SIT जांच पऽ लागल रोक
Advertisement

तिरुपति लड्डू में मिलावट के मुद्दा आंध्र प्रदेश में तेज हो रहल बा। अब लड्डू में घी के मिलावट के लेके एसआईटी के जांच अस्थायी तौर पs रोक दिहल गइल बा, काहेंकी इ मामला सुप्रीम कोर्ट के दायरा में बा। आंध्र प्रदेश के शीर्ष पुलिस अधिकारी द्वारका तिरुमला राव एएनआई के मुताबिक एगो बयान में कहले कि, 'तिरुपति लड्डू प्रसादम मामला के जांच खाती एसआईटी के गठन भइल रहे।'

Advertisement

सुप्रीम कोर्ट में चलत सुनवाई के चलते एसआईटी के जांच 3 अक्टूबर तक स्थगित रही। एएनआई के मुताबिक, आंध्र प्रदेश के शीर्ष पुलिस अधिकारी द्वारका तिरुमाला राव एगो बयान जारी कऽ के कहले कि, 'तिरुपति लड्डू प्रसादम मामला के जांच खाती एसआईटी के गठन भईल रहे आ जांच के अखंडता सुनिश्चित करे खातिर एगो एहतियाती कदम बा।'

तिरुमाला के आटा मिल के एसआईटी कइलस निरीक्षण

बता दी कि सोमार के दिने एसआईटी तिरुमाला के आटा मिल के निरीक्षण कइलस जहाँ घी के भंडारण होला आ लड्डू बनावे में इस्तेमाल होखे से पहिले लैब में परीक्षण कइल जाला।

आंध्र प्रदेश के डीजीपी के हवाला से कहल गइल कि, तिरुपति लड्डू में 'गति-विचार' के स्पेशल इन्वेस्टिगेशन टीम (एसआईटी) के जांच के अस्थायी तौर पs रोक दिहल गइल बा, काहेंकी इ मामला सुप्रीम कोर्ट के दायरा में बा।

Tags :
Advertisement