टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

मसूरी-देहरादून हाईवे पs खाई में गिरल कार, सभ 6 लोगन के भइल दर्दनाक मउत

01:45 PM May 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

 

 

शहर में आजु सबेरे भइल एगो दुखद सड़क दुर्घटना में 6 लोग के मउत के मामिला सामने आइल बा। ई हादसा शनिचर के सबेरे देहरादून-मसूरी रोड पs भइल. ई हादसा मसूरी-देहरादून रोड के चूनाखाल के लगे भइल जब एगो कार बेकाबू होके गहिरा खाई में गिर गइल. बतावल जाता कि गाड़ी में 6 लोग रहले,जवना में सभ 6 लोग के मउत हो गईल। मरेवाला लोग में कार में सफर करत चार युवक अवुरी दु लईकी शामिल बाड़ी।ई सब लोग घूमे आइल रहे। फिलहाल पुलिस, फायर सर्विस अवुरी एसडीआरएफ बचाव के काम में लागल बा।

बता दीं कि ई सब 6 लोग राजपुर रोड पs स्थित एगो कॉलेज में पढ़त रहे। सब के दोस्त कहल जाला। एहमें 4 गो नवही आ 2 गो लइकी मसूरी घूमे गइल रहली. एही बीच शनिचर के सबेरे जब इs लोग मसूरी से देहरादून लवटत रहले तs इs हादसा चूनाखाल के नजदीक भईल। अचानक उनुकर गाड़ी बेकाबू होके गहिरा खाई में गिर गईल, जवना के चलते पांच लोग के मौका पs मउत हो गईल। दुर्घटना में घाही एगो लईकी के अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जवना के बाद में ओकर मउत हो गईल।

 

 

 

 

Tags :
accidentCar accidentDehradoon
Advertisement
Next Article