टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

खाये के पड़ी जेल के रोटी आ पिये के पड़ी जेल के पानी... सही-गलत सिखावे वाला टीचर खुद कs बइठल लो फ्रॉड, हो गइल लो बर्खास्त

11:41 AM Jul 25, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

मोतिहारी। बिहार के मोतिहारी जिला के बंजरिया प्रखंड के छह शिक्षकन के खिलाफ बड़ कार्रवाई कइल गइल बा। ई सब शिक्षक नौकरी पावे खातिर फर्जी प्रमाणपत्र लगवले रहे लो, जवना के खुलासा होखला पs आरोपित शिक्षकन के बर्खास्त कs दिहल गइल बा। संगही अब जेल भेजे के तइयारी कइल जा रहल बा। निगरानी अन्वेषण ब्यूरो पटना के ओर से शिक्षक नियोजन में फर्जी नियोजित शिक्षकन के चल रहल जांच के दौरान एह शिक्षकन के शैक्षिक प्रमाण पत्रन के जांच करावल गइल रहे, जेमे एह लोगन के मूल मध्यमा के प्रमाण पत्र जाली निकल गइल।

Advertisement

निगरानी अन्वेषण ब्यूरो के ओर से एह शिक्षकन पs बंजरिया थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल। जवन शिक्षकन के खिलाफ कार्रवाई कइल गइल बा, ओमे उत्क्रमित मध्य विद्यालय गौरिया में पदस्थापित दुगो शिक्षक सुरेश कुमार आ विभा कुमारी, उ.म.वि. चिन्ताहा में पदस्थापित रूबी कुमारी, उ.म.वि. अजगरी में पदस्थापित शिक्षक प्रियरंजन दूबे, उ.म.वि. बंजरिया में पदस्थापित विभा कुमारी और उ.म.वि. गोखुला में पदस्थापित शिक्षिका सावित्री यादव सामिल बा लो।

साभार : न्यूज  18

Tags :
Bhojpuri NewsFake CerificatesMotihari NewsSix School Teachers Suspended
Advertisement
Next Article