For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

SL vs SA Playing 11: श्रीलंका आ साउथ अफ्रीका के बीच भिड़ंत आज, ई प्लेयर्स के मिल सकऽता प्लेइंग-11 में मौका

10:35 AM Jun 03, 2024 IST | Sonu Kishor
sl vs sa playing 11  श्रीलंका आ साउथ अफ्रीका के बीच भिड़ंत आज  ई प्लेयर्स के मिल सकऽता प्लेइंग 11 में मौका
Advertisement

SL vs SA Playing 11: टी20 वर्ल्ड कप 2024 के चौथा मैच आज 3 जून के श्रीलंका आ दक्षिण अफ्रीका के बीच खेलल जाई। दुनु टीम के बीच ई मैच न्यूयॉर्क के नासाउ काउंटी इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में खेलल जाई। बता दी कि श्रीलंकाई टीम साल 2014 में टी20 विश्व कप जीतले रहे आ एकरा बाद उऽ आपन अगिला ट्रॉफी उठावे के सबसे करीब 2015 विश्व कप क्वार्टर फाइनल में पहुंचल रहे।

Advertisement

श्रीलंकाई टीम टी20 विश्व कप के एकमात्र खिताब साल 2014 में जीतल रहे, जहाँ उऽ फाइनल में भारतीय टीम के हराकर ई ट्रॉफी उठवले रहे। उहे, साउथ अफ्रीका के टीम अबही ले एको बेर टी20 विश्व कप के खिताब नइखे जीतले। दुनु टीम के ग्रुप-डी में बांग्लादेश, नेपाल आ नीदरलैंड्स के साथे राखल गइल बा।

श्रीलंकाई टीम इतिहास दोहरावे के इरादा के एह मेगा इवेंट में शानदार प्रदर्शन कइल चाहीं, जबकि अफ्रीका के टीम अपना नांव से चोकर्स के टैग हटावल चाहीं। दुनु टीम में काफी शानदार आ मैच विनिंग खिलाड़ी बाड़े, जवन उनका लोग के आईसीसी का ई खिताब जितावे में मदद करिहें। अइसे में जानल जाव साउथ अफ्रीका बनाम श्रीलंका के बीच खेले जाए वाला टी20 विश्व कप 2024 के चौथा मैच के संभावित प्लेइंग-11 कइसन हो सकऽता।

SL vs SA: श्रीलंका के साउथ अफ्रीका से भिड़ंत आज

टी20 वर्ल्ड कप 2024 के चौथा मैच आज 3 जून के श्रीलंका आ दक्षिण अफ्रीका के बीच खेलल जाई। दुनु टीम के बीच ई मैच न्यूयॉर्क के नासाउ काउंटी इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में खेलल जाई। बता दी कि श्रीलंकाई टीम साल 2014 में टी20 विश्व कप जीतले रहे आ एकरा बाद उऽ आपन अगिला ट्रॉफी उठावे के सबसे करीब 2015 विश्व कप क्वार्टर फाइनल में पहुंचल रहे। ओ टूर्नामेंट से जवन टीम ओकरा के बाहर कइले रहे उऽ आउर कोई ना दक्षिण अफ्रीका के टीम रहे। उहे, श्रीलंका 1996 के विश्व कपो जीतल रहे, बाकिर 2014 के अंडर-19 जीत दक्षिण अफ्रीका के एकमात्र जीत रहे।

बता दी कि वानिंदु हसरंगा चोट से उबर के आ रहल बाड़े आ एकरा बादे उनका के टीम के कमान सौंपल गइल। उनकर गेंदबाजी आक्रमण में मथीशा पथिराना, महेश थीक्षाना, दुष्मंथा चमीरा, दिलशान मदुशंका आ नुवान तुसारा शामिल बा। आईपीएल में अच्छा प्रदर्शन करे वाला पथिराना से उम्मीद कइल जा रहल बा कि उऽ न्यूयॉर्क में भी आपन लय बरकरार राखे।

उहे, दुसरा ओर दक्षिण अफ्रीका के लगे क्विंटन डी कॉक, एडेन मार्कराम, हेनरिक क्लासेन, डेविड मिलर आ मार्को जानसन जइसन अनुभवी बल्लेबाज बाड़े। युवा ऑलराउंडर ट्रिस्टन स्टब्स, एनरिक नॉर्टजे, गेराल्ड कोएत्ज़ी आ ब्योर्न फोर्टुइन ताकत जोड़ेले। कगिसो रबाडा आ केशव महाराज उनका गेंदबाजी आक्रमण के नेतृत्व करिहें।

SL vs SA Playing 11 Predicted: श्रीलंका आ साउथ अफ्रीका के संभावित प्लेइंग-11

श्रीलंका- पथुम निसांका, कुसल मेंडिस, कामिंडु मेंडिस, धनंजय डी सिल्वा, चरिथ असलांका, वनिंडु हसरंगा (कप्तान), एंजेलो मैथ्यूज, दासुन शनाका, महेश थीक्षाना, मथीशा पथिराना, दिलशान मदुशंका।

दक्षिण अफ्रीका- क्विंटन डी कॉक, रीजा हेंड्रिक्स, रयान रिकेल्टन, एडेन मार्कराम (कप्तान), डेविड मिलर, हेनरिक क्लासेन, ट्रिस्टन स्टब्स, केशव महाराज, कागिसो रबाडा, एनरिक नॉर्टजे, तबरेज़ शम्सी।

Tags :
Advertisement