टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Smart Meter: कइसे आ रहल बा अनाप-शनाप बिजली बिल ? मीटर में एह गड़बड़ी के देखके उड़ल विभाग के होश, अब देलस इ आदेश

12:27 PM Jun 25, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Smart Meter: स्मार्ट मीटर में लगातार खराबी को लेके रोज नया नया बात सामने आ रहल बा। हालहीं में एगो कस्टमर के बिजली बिल 36 लाख तक पहुंच गइल रहे। एह बात के शिकायत बिजली विभाग तक पहुंचल। जब अधिकारी जांच शुरू कइले तऽ उनकर होश उड़ गइल। उनकरा पता चला कि 226 के बिल 36 लाख तक पहुंच गइल बा।

Advertisement

स्मार्ट मीटरो डिफेक्टिव निकल रहल बा। एकरा चलते उपभोक्ता के अनाप-शनाप बिजली बिल आवे लागल बा। एकरा से उपभोक्ता के परेशानी झेले के रहल बा। कटरा प्रखंड के मोहनपुर-निवासी कामेश्वर साह के 36 लाख रूपिया के बिल आ गइल रहे। अतना बेसी बिल खाली जून के आइल रहे।

एह बात से उपभोक्ता के होश उड़ गइल रहे। स्मार्ट मीटर लगावे के पहिले प्रतिमाह 15 से 20 यूनिट बिजली के खपत होत रहे आ समय से उऽ भुगतान करत रहले। जून में स्मार्ट मीटर लगला के बाद 36 लाख 92 हजार 731 रूपिया के बिल आ गइल बा।

खबर चर्चा में अइला के बाद बिजली विभाग लेलस संज्ञान

सरकारी अनुदान के राशि 23 हजार समायोजित कइला के बाद 15 लाख 43 हजार 731 रूपिया जमा करे के नोटिस दिहल गइल। अखबार में खबर छपला के बाद विद्युत कार्यपालक अभियंता पूर्वी, श्रवण ठाकुर संज्ञान लेले बाड़न।

उऽ एकर जांच करवले तऽ पता चलल कि सेक्योर द्वारा रीडिंग सही डालल गइल रहे, बाकिर मीटर डिफेक्टिव के कारण रीडिंग में गड़बड़ी आ गइल। उऽ जांच कऽ के सही बिल के मूल्यांकन कइले। ओकरा बाद उपभोक्ता के बिजली बिल घट के 226 रुपये आ गइल।

बिजली विभाग के अधिकारी का कहलें ?

विद्युत कार्यपालक अभियंता कहले कि मीटर डिफेक्टिव के जांच कइल जा रहल बा। दोसर मीटर लगावे के आदेश दिहल गइल बा। उपभोक्ता के कवनो प्रकार के अब परेशानी ना होई। एने मीनापुर प्रखंड के वासुदेव छपरा गांव निवासी वीरेंद्र प्रसाद जेई के पत्र लिखके अनाप-शनाप बिजली बिल के सही करे के आग्रह कइले बाड़न।

उनकर कहनाम बा कि हर महीना बिजली बिल देवेले। स्मार्ट मीटर लगइला के बाद 1,50512 रूपिया बिल आ गइल। उऽ जांच कऽ के सही करे के आग्रह कइल गइल। एह बात के जानकारी मिलला के बाद विद्युत कार्यपालक अभियंता जांच के आदेश दिहल गइल।

Tags :
bihar newsKhabar Bhojpuri NewsNorth Bihar Power distributionSmart metter
Advertisement
Next Article