टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Smart Meter: स्मार्ट मीटर उपभोक्ता ध्यान देस, तीन दिन ले काउंटर पऽ ना होई ई काम; बिजली विभाग भेजलस मैसेज

12:38 PM Jul 02, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

स्मार्ट मीटर उपभोक्ता खातिर जरूरी खबर बा। आज से तीन दिन बिजली विभाग के काउंटर पs एगो काम ना हो पाई हो । बिजली विभाग एकरा के लेके सब ग्राहकन के मैसेजो भेज देले बा। मैसेज मिलला के बाद सैकड़न लोग सोमार के कार्यालय पहुंच गइलें। इहाँ ध्यान देवे वाला बात ई बा कि तीन दिन स्मार्ट मीटर में पर्याप्त बैलेंस राखल जरूरी बा।

Advertisement

मुजफ्फरपुर: नॉर्थ बिहार पावर डिस्ट्रीब्यूशन के सर्वर के मेंटेनेंस होई। एकरा के लेके मंगर से बियफे तक बिजली कार्यालय के सर्वर ठप रही। एह अवधि में यानी मंगर से बियफे तक कवनो बिजली काउंटर से स्मार्ट मीटर रिचार्ज ना होई।

सुगम एप से स्मार्ट मीटर रिचार्ज होई। विद्युत अधीक्षण अभियंता पंकज राजेश बतवले कि सर्वर मेंटेनेंस के लेके एनबीपीडीसीएल के साइट से आ काउंटर से रिचार्ज ना होई। सुगम एप से उपभोक्ता रिचार्ज कर सकऽ ताड़े। उऽ कहलें कि पिछला पांच दिनन से एह बात के जानकारी उपभोक्ता के दीहल जाता।

कहीं से एमें कवनो परेशानी के बात नइखे। बिजली विभाग के ओर से उपभोक्ता के जारी मैसेज में एही तरे के जानकारी दिहल गइल बा। मैसेज के अनुसार निर्बाध विद्युत आपूर्ति खातिर उपभोक्ता अपना स्मार्ट मीटर में पर्याप्त बैलेंस राख लेस।

कुछ लोग अइसे करवलस रिचार्ज

विभाग के ओर से ए तरे के का मैसेज मिलला के बाद पिछला दु दिन से सैकड़न उपभोक्ता रिचार्ज करावल शुरू कर देले। सुगम एप से भा उनका गेस्ट रिचार्ज से जवना लोगन के रिचार्ज नइखे भइल। उऽ लोगन के सोमार के भोरही माड़ीपुर, तिलक मैदान, रामदयालु इस्थित बिजली कार्यालय पहुंच के काउंटर से रिचार्ज करवलस।

हालांकि, एह तीन दिन के अवधि में बिजली ना कटी, बाकिर बिजली विभाग के ओर से अइसन कवनो बात नइखे कहल गइल। उहे डिफरमेंट चार्ज कटला से पूरा दिन सैकड़न उपभोक्ता बिजली कार्यालय के चक्कर काटत रहल।

Tags :
bihar newsBijli metterKhabar bhojpuriSmart metter
Advertisement
Next Article